हथियार, लागु औषध कारोबारी एक पुलीस जवान सहित ८ जने पकडईलें

वीरगंज १२ बैशाख

पर्सा पुलीस हाथहथियार तथा लागु औषध कारोबारी गिरोह के ८ जने पकडाईल बाडन ।

पकडाएवाला मे मकवानपुर जिल्ला मनहरी गाँवपालिका वार्ड नं.५ निवासी बरीस के २५ के राजु रानामगर, रौतहट जिल्ला सखुहवा नगरपालिका वार्ड नं १ घर रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे कार्यरत प्रहरी जवान २९ बरीस के अवधेश प्रसाद यादव, वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं.१२ मुर्ली निवासी ४३ बरीस के लालबाबु सिंह, उहे जगहा के ३५ बरीस के श्यामबाबु कुशवाहा, ४२ बरीस के अरविन्द प्रसाद गुप्ता, ४२ बरीस के कुँवर सिंह, विरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १५ निवासी २४ बरीस के नन्दन सिंह आ उहे जगहा रहेवाला ३१ बरीस के रोशन सिंह रहल बाडन ।

सूचना परिचालन आ प्रहरी कारबाही के सिलसिला मे बैशाख ८ गते संझिया ६ बजे के समय मे वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं.१६ स्थित शंकराचार्यगेट मे खटल पुलीस टोली चेक जाँच करेके समय मे भारत रक्सौल से वीरगंज ओरी आ रहल पैदलयात्री मकवानपुर के मनहरी गाँवपालिका वार्ड नं.५ निवासी राजु रानामगर के पकड के उनकर साथ से क्ग्ल्ःक्ष्ऋब् लिखल स्वचालित पेस्तोल थान–१ आ म्याग्जिन थान–२ बरामद कईले रहे ।

पुलीस के मुताविक उनका के हिरासत मे राख के हाथहथियार मुद्दा मे अनुसन्धान के समय मे निज तथा हाल यकिन ठेगाना ना खुलल काठमाण्डु ओरी रहत आईल दोसर लागु औषध कारोबारी राम प्रजापति बैशाख ८ गते हि दिनके भारत के रक्सौल से मुस्तफा कहेवाला आदमी से २ गो पेस्तोल नेरू एक लाख ५० हजार मे खरिद कईल आ उ मेसे पेस्तोल थान –१, म्याग्जिन थान २ तथा लागु औषध डाइजोपाम १०० एम्पुल, नुर्फिन १०० एम्पुल, फिनार्गन १०० एम्पुल करके जम्मा ३०० एम्पुल, निट्राभेट १२ सय ट्याब्लेट लियाके वीरगंज बसपार्क मे रहल मनकामना गेष्ट हाउस के कोठा नम्बर १०५ मे रहल रहलन ।

पकडाईल लोग उ पेस्तोल आ लागु औषध लुटपाट करेके योजना बनाके ४ बजे के समय मे होटल के कोठरी भितर प्रवेश करके उ लागू औषधसब, हथियार (पेस्तोल थान १ आ म्याग्जिन थान २), मोवाईल फोन सेट थान–४, राम प्रजापति के दुनु कान मे रहल सोना के मुन्द्रा थान २ आ नगद रू. ७ हजार लुटपाट कईल खुलला से उलोग के बैशाख १० गते वीरगंज महानगरपालिका के अनेकन जगहा से नियन्त्रण मे लेके पेस्तोल थान २, म्याग्जिन थान ४, सोना के मुन्द्रा अंदाजी आधा तोला थान २, नगद रू. ७ हजार, लागु औषध (डाइजोपाम, नुर्फिन आ फेनार्गन–१००–१०० एम्पुल करके ३०० एम्पुल), १२ सय पिस निट्राभेट ट्याब्लेट भी बरामद करके लागु औषध, हाथहथियार तथा संगठित अपराध मुद्दा मे अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

अनुसन्धान के समय मे पकडाईल आदमीसब काठमाण्डु तथा अनेकन जगहा से लागु औषध तथा हाथहथियार खरिद करे आवेवाला आदमीसब के भारत के रक्सौल लेजाके सम्बन्धित कारोबारीलोग से सम्पर्क कराके खरिद करावेके, ढुवानी करेमे सहजोग करके कमिशन लेवेके तथा बाद मे फेनु उलोग के हि योजना बनाके लागू औषध, हाथहथियार लगायत आउर धनमालसब भी लुटपाट करके फेनु भारत तथा आउर कारोवारीलोग के विक्रि वितरण करे के लगायत के आपराधिक काम मे पहिले से हि संलग्न रहल खुलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता एवम् प्रहरी नायब उपरिक्षक ओमप्रकाश खनाल बतवनी ।

ई सम्बन्ध मे विस्तृत अनुसन्धान जारी रहल भी उ प्रेस विज्ञप्ती मार्फत जानकारी करवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।