नारायणी अस्पताल के ६ गो भेन्टिलेटर सहजोग

वीरगंज १४ बैशाख

सानो पाइला वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के ६ गो भेन्टिलेटर उपलब्ध करवले बा ।

सानो पाइला नेपाल भेन्टिलेटर सर्भिस (गैरनाफामुलक कम्पनी) सँगे के सहकार्य मे नारायणी अस्पताल मे एक महिना के खातिर भेन्टिलेटरसब के व्यवस्था कईले बा ।

अस्पताल मे कोरोना के मरेजीलोग बढत गईला के बाद उलोग के ईलाज मे सहजता के खातिर आउर भेन्टिलेटरसब उपलब्ध करावल सानो पाइला के सचिव डा. सुष्मा तिवारी बतवनी । तिवारी उ भेन्टिलेटरसब नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपेरिटेन्डेन्ट डा. संजय ठाकुर के भेन्टिलेटर हस्तान्तरण कइनी ।

एहितरे सानो पाइला से उपलब्ध करावल भेन्टिलेटरसब अभी कोभिड के मरेजीलोग के खातिर सब से उपयोगी होखेके अस्पताल के कोभिड संयोजक डा. सरोज रोशन दास बतवनी ।

एकरा सँगे नारायणी अस्पताल मे प्रयोगयोग्य भेन्टिलेटर के संख्या १५ पुगल बा । एकरा से पहिले नारायणी अस्पताल मे कुल १० गो भेन्टिलेटर मात्र रहल रहे । जउना मेसे ५ गो कोभिड के मरेजी के खातिर छुट्ट्यावल गईल रहे आ ५ गो आउर मरेजीलोग के खातिर राखल गईल रहे ।

उ भेन्टिलेटरसब कोभिड आईसीयु आ एसडियू मे जडान कईल उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।