रौतहट के २ नगर प्रमुख के माओवादी केन्द्र से निकालल गईल

मेवालाल यादव

रौतहट १४ बैशाख

रौतहट मे नेकपा माओवादी केन्द्र के २ नगर प्रमुख के पार्टी के साधरण सदस्य भी ना रहेवाला किसिम से निकलले बा ।

नेकपा माओवादी केन्द्र रौतहट जिल्ला समिति सदस्य भी रहल मौपापुर नगरपालिका के नगर प्रमुख रिना कुमारी साह, कटहरिया नगरपालिका के प्रमुख सियाराम कुशवाहा २०७४ साल मे सम्पन्न स्थानिय तह के निर्वाचन मे नेकपा माओवादी केन्द्र के ओरी से निर्वाचित भईल रहलन ।

नेकपा माओवादी केन्द्र आ नेकपा एमाले बीच २०७५ साल जेठ ३ गते पार्टी एकिकरण होके निर्वाचन आयोग से २०७५ जेठ २३ गते नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी नेकपा कायम करवले रहे । माकिर सर्वाेच्च अदालत २०७७ फागुन २३ गते के आदेश से उ पार्टी एकता कायम ना करके साविक के अलग अलग पार्टी कायम भईल फैसला कईले रहे ।

उ फैसला भईला के बाद रौतहट के २ जने नगर प्रमुख नेकपा माओवादी केन्द्र दल के प्रतिनिधित्व करेके भईला पर भी दुनु जने दोसर दल अर्थात नेकपा एमाले मे प्रवेश कईला से उ दल के साधरण सदस्य से भी निकालल गईल जनावल गईल बा । नेकपा माओवादी केन्द्र के विधान तथा राजनितिक दल सम्बन्धि ऐन से तोकल दायित्व जान के उल्लङघन कईला से स्पष्टिकरण पुछल रहे । स्पष्टिकरण चित्त बुझेवाला ना अईला से नेकपा माओवादी केन्द्र के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल साधरण सदस्य भी ना रहेवाला किसिम से पार्टी निष्कासन कईल एक सूचना मार्फत बतवले बानी ।

कारवाही मे पडल रौतहट के २ जने प्रमुखलोग दल त्याग कईला से नेकपा माओवादी केन्द्र के साधरण सदस्य भी ना रहेवाला किसिम से निकालल गईल माओवादी केन्द्र जनवले बा । नेकपा माओवादी केन्द्र बितल एतवार के दिने रौतहट के ५ जने उपप्रमुख के भी पार्टी से निकलले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।