वीरगंज मे निःशुल्क अक्सिजन बैंक स्थापना

वीरगंज १४ बैशाख

वीरगंज मे कोरोना संक्रमित के ईलाज के खातिर अक्सिजन के कमी होखे लागला के बाद वीरगंज महानगरपालिका निशुल्क अक्सिजन बैंक स्थापना करके सञ्चालन मे लिआईल बा । कोभिड संक्रमण के चलते समस्या मे पडल नागरिक के जीवन रक्षा के खातिर वीरगंज महानगरपालिका आ लायन्स क्लव इन्टरनेशनल के साझेदारी मे वीरगंज मे मंगर से निःशुल्क अक्सिजन बैक के स्थापना करके सञ्चालन मे लियावल गईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका अक्सिजन के कमी के चलते जीवन जोखिम मे रहल महानगरपालिका मे बसोबास करेवाला नागरिक के जीवन रक्षा के खातिर निशुल्क रुप मे अक्सिजन वितरण करे लागल नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी बतवनी । कोरोना संक्रमित होके होम आइसोलेशन मे रहल संक्रमित के जीवन रक्षा के खातिर जरुरी पडेवाला दवाई, अक्सिजन आ ओमे लागेवाला किट भी निशुल्क रुप मे वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय मे स्थापना कईल अक्सिजन बैंक से वितरण करेके लायन्स क्लव अफ इन्टरनेशनल के पूर्व निर्देशक संजय खेतान बतवनी ।

होम आइसोलेशन बाहेक वीरगंज के अस्पताल मे भी ईलाज खातिर भर्ना भईल कोरोना संक्रमित के खातिर अस्पताल मे सहज रुप मे अक्सिजन व्यवस्था ना भईला पर महानगरपालिका रहल अक्सिजन बैंक से निशुल्क रुप मे अक्सिजन के सिलिन्डर सहित ओमे लागेवाला किट उपलब्ध करावेके नगर प्रमुख सरावगी बतवनी ।

अक्सिजन प्रयोग के बाद फेनु वीरगंज महानगरपालिका के अक्सिजन बैंक मे खाली सिलिण्डर फिर्ता करेके शर्त राख के कोरोना संक्रमित के खातिर अक्सिजन वितरण करेके लायन्स क्लव के पूर्व काउन्सिलर चेयरमेन रमेश अग्रवाल जानकारी देहनी ।

वीरगंज मे अस्पताल के बेड ना मिलके ७९८ संक्रमित होम आइसोलेसन मे बाडन । उ मेसे कैयन के अवस्था बिगड रहला से अक्सिजन के खातिर आफन्त निहोरा कर रहल समय महानगर मंगर से निशुल्क अक्सिजन बैंक सञ्चालन मे लिआईल बा । होमआइसोलेशन मे ईलाज करा रहल संक्रमितलोग के स्वास्थ्य अवस्था जानकारी लेवे खातिर हरेक वार्ड कार्यालयमार्फत प्यारामेडिकल सहित के स्वास्थ्यकर्मी परिचालन भी कईल नगर प्रमुख सरावगी बतवनी ।

वीरगंज के नेसनल अक्सिजन इन्डस्ट्रिज तीन दिन पहिले महानगरपालिका के कार्यालय के १ सय ५० सिलिण्डर अक्सिजन निःशुल्क उपलब्ध करवले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।