वीरगंज के अवस्था भयावह हो रहल, कोरोना से एके दिन ५ जने के मृत्यु

वीरगंज १५ बैशाख
कोरोना महामारी के हटस्पट बनत गईल वीरगंज के अवस्था आउर भयवाह होत गईल बा । पर्सा जिल्ला के सदरमुकाम वीरगंज मे कोरोना संक्रमण दर सँगे मृत्यु दर भी हरके दिन बढत गईल बा ।
वीरगंज मे बुध के दिने मात्र कोरोना से ५ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल ५ जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे ३ दिन (सोमार से बुध) तक १२ जने के मृत्यु भईल बा । बुध के दिने ५ जने, मंगर के दिने ४ जने आ सोमार के दिने ३ जने के मृत्यु भईल बा । कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईल एने चईत ३० से वैशाख १५ तक कोरोना से २३ जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे १९ जने के, नारायणी बयोधा अस्पताल मे ३ जने के आ गण्डक अस्पताल मे १ जने के मृत्यु भईल बा । मृतक २३ जने मेसे पर्सा के १५ जने, बारा के ५ जने, सर्लाही के २ जने आ रौतहट के १ जने बाडन ।
नारायणी अस्पताल मे बुध के दुपहरिया वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ७ रामटोल के ४५ बरीस के पुरुष, सबेरे पौने १२ बजे रौतहट के दुर्गाभगवती गाँवपालिका के रजवाडा के ५० बरीस के जनानी, बुध के सबेरे १० बजे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २७ के ६० बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा ।
नारायणी अस्पताल मे बुध के सबेरे पौने २ बजे सर्लाही के धनकौल गाँवपालिका ४ के ४३ बरीस के पुरुष आ बुध के सबेरे सवा १२ बजे बारा के सुवर्ण गाँवपालिका– ७ के ३० बरीस के जनानी के भी ईलाज के समय मे मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
डा. दास के मुताविक नारायणी अस्पताल मे बुध के सँझिया तक ४३ जने जटिल अवस्था के संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । उ सभी के अवस्था जटील रहला से सभी के अक्सिजन लगाके राखल डाक्टर दास बतवनी । नरायणी अस्पताल जटिल अवस्था के संक्रमित के मात्र भर्ना लेरहल बा ।
संक्रमण पुष्टि भईल माकिर सामान्य लक्षण भईल संक्रमित के होम आइसोलेसन मे रहे खातिर घर पठावल गईल डाक्टर दास बतवनी । वीरगंज मे अभी कोरोना से होखेवाला मृत्यु दर १६.८१ प्रतिशत रहल नारायणी अस्पताल के डाक्टर उदयनारायण सिंह बतवनी ।
कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईल एने एक हप्ता पहिले तक मृत्युदर १४ प्रतिशत के हाराहारी मे रहे । माकिर अभी २ दिन एने १७ प्रतिशत के हाराहारी मे पुगल डाक्टर उदय बतवनी ।
दुसरका लहर सुरु भईल एने नारायणी अस्पताल मे वैशाख १५ तक ईलाज के खातिर १ सय १९ संक्रमित भर्ना भईला मे उ मेसे २३ जने के मृत्यु भईल डाक्टर उदय बतवनी । उनका मुताविक कोरोना संक्रमण के पहिलका लरह के समय मे वीरगंज मे कोरोना से होखेवाला मृत्यु दर अधिकतम मे ५ प्रतिशत तक मात्र पुगल रहे ।
माकिर अभी नयाँ भेरियन्ट के भारइस बहुते कडा रहल आ एकरा से देह मे जलदी असर पारला के चलते दुसरका लहर मे मृत्यु दर बहुते हि बेसी देखल गईल डाक्टर उदय बतवनी ।
एकरा साथे संक्रमण के लक्षण देखाई देहला पर भी मौसमी बोखार, सरखी खोकी ह कहके कोरोना जाँच ना कराके लापरवाही करके घरमे रहेके आ सिकिस्त भईला के बाद मात्र अस्पताल मे अईला के चलते भी मृत्यु दर बढत गईल डाक्टर दास बतवनी ।
कोरोना संक्रमण दर भी हरेक दिन बढ रहल
संक्रमण के दुसरका लहर मे वीरगंज मे कोरोना संक्रमण दर भी बढत गईल बा । वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे हरेक दिन होत आईल परिक्षण मे, परिक्षण करावल मेसे आधा से बेसी मे संक्रमण मिलेला । वीरगंज मे मंगर के रात मात्र १ सय २४ जने मे कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।
नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे मंगर के रात २ सय १० जने के स्वाब नमूना परीक्षण कईल रहे । उ मेसे ६० प्रतिशत से बेसी अर्थात् १ सय २४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद वीरगंज मे एके दिन नयाँ संक्रमित मिलल ई हि सबसे बेसी ह । बितल एतवार के दिने नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे परीक्षण करावल मेसे ७० प्रतिशत से बेसी मे संक्रमण मिलल रहे ।
वीरगंज मे चईत २७ गते से एने १ हजार १ सय २२ जने नयाँ संक्रमित थपाईल बाडन । चईत २७ से मंगर के दिने वैशाख १४ तक २ हजार १ सय ८ जने के परीक्षण कईला पर आधा से बेसी अर्थात् १ हजार १ सय २२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर दास जानकारी देहनी ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय के मुताविक, पर्सा मे बुध के सँझिया तक सक्रिय संक्रमित के संख्या १ हजार २४ बा । उ मेसे ८ सय ६० जने संक्रमित होम आइसोलेसन मे बाडन । सदरमुकाम वीरगंज मे संक्रमण आ मृत्यु दर दुनु बढत गईला के बाद कोरोना संक्रमण के साङगलो तुरे खातिर बियफे से वैशाख २२ गते तक एक हप्ता के खातिर पर्सा जिल्लाभर निषेधाज्ञा लगावे के निर्णय स्थानीय प्रशासन कईले बा ।






