दु नदी से क्षतिग्रस्त बनावल बाँध के समय मे मर्मत करे खातिर प्रजिअ ईन्द्रदेव के निर्देशन

मेवालाल यादव
रौतहट १७ बैशाख
प्रदेश नम्बर २ अन्तर्गत के रौतहट जिल्ला दु नदी के बिच मे रहला से बितल बरीस बाढ, कट्टान से बाँध आ ठोकरसब क्षतिग्रस्त होके जोखिमयुक्त रहल सभी जगहासब के स्थलगत निरिक्षण कईल गईल बा ।
दु नदी जईसे बागमती आ लाल बकैया बितल बरीस के बाढ आ कटान से बाँध आ स्परसब क्षतिग्रस्त होके उच्च जोखिम मे रहल अनेकन जगहासब मे प्राविधिकलोग के टोली के लेके शुक के दिने प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव स्थालगत रुप मे निरीक्षण करत तत्काल मर्मत करे खातिर निर्देशन देहले बानी ।
बितल बरीस दु नदी मे आईल बाढ आ कटान से अनेकन पालिका भितर पडेवाला बाँध आ स्पर क्षतिग्रस्त भईला पर भी अभी तक ओकर मर्मत सम्भार ना भईला से ई पाली के बर्षात के समय मे आउर जोखिम बढेके जनगुनासो बढला पर बागमती तथा लालबकैया नदी नियन्त्रण आयोजना के प्रमुख संगे प्रजिअ यादव जोखिम रहल जगहा मे उपस्थित होके तत्काल मर्मत सम्भार करेके निर्देशन देहनी ।
बागमती नदी के पश्चिमी बाँध ४७ किलोमिटर लम्बाई रहला मे बाँध के सुरक्षित राखे खातिर हरेक सात सय मिटर के फरक मे २३० मिटर लम्बाई के स्पर निर्माण कईल बा । ११ गो मर्मत करेवाला मे ५ गो स्पर मर्मत करे खातिर बहुते संवेदनशिल अवस्था मे रहला से तत्काल मर्मत के काम अगाडि बढावे के आयोजना प्रमुख के निर्देशन देहनी ।
स्पर नम्वर ५ बसतपुर, स्पर नम्वर १० मत्सरी, स्पर नम्वर ११ के ८० प्रतिशत कटान भईला से पुनः निर्माण करेके अवस्था मे रहल प्रजिअ यादव बतवनी ।
दु नदी नियन्त्रण आयोजना परवानीपुर के प्रमुख अकलाख अन्सारी, जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी उपरिक्षक सिद्धीविक्रम शाह सहित के प्राविधिक टोलीद्धारा अनुगमन कईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा ।
लालबकैया नदी के पश्चिमी बाँध के देवाही गोनाही नपा के करुनिया, बौधिमाई नपा के पश्चिम मटिअर्वा, इनर्वा लगे निर्माणाधिन पुल, परोहा नपा के जिगडा लगे निर्माणाधिन पुल आ तेजापाकड लगे पश्चिमी बाँध के मर्मत काम के अनुगमन करत गुणस्तरिय काम करे खातिर निर्माण कम्पनीसब से निहोरा कइनी ।






