पर्सा मे एक महिना मे २ सय ७८ जने जितले कोरोना

वीरगंज २१ बैशाख
कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर मे भी कोरोना महामारी के हटस्पट बनल पर्सा मे कुछ दिन एने ठिक होखेवाला के संख्या भी बढत गईल बा । दुसरका सुरु भईल एने चईत १५ से वैशाख २० (सोमार) तक पर्सा मे २ सय ७८ जने कोरोना के जित के ठिक भईल बाडन ।
उ मेसे नारायणी अस्पताल से डिस्चार्ज भईल ७० जने बाडन आ बाँकी २ सय ८ जने, होम आइसोलेसन मे रहके ठिक भईल बाडन । चईत १५ गते से एने सोमार तक अस्पताल मे भर्ना होके ईलाज करावल आ होम आइसोलेसन मे रहल करके २ सय ७८ जने कोरोना संक्रमण मुक्त भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड सम्पर्क व्याक्ति विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले बितल शुक तक वीरगंज मे कोरोन से ठिक होखेवाला के संख्या २ सय २६ रहे । बितल शनिचर से सोमार तक ३ दिन मे मात्र ५२ जने कोरोना संक्रमण से मुक्त भईल बाडन ।
नारायणी अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास के मुताविक, अस्पताल मे बितल चईत १५ से सोमार के सँझिया तक १९० जने संक्रमित भर्ना होके ईलाज करावल मेसे सोमार के सँझिया तक ७० जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
डाक्टर दास के मुताविक, नरायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे अभी ८३ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । अवस्था गम्भीर रहला से उ सभी के अक्सिजन लगाके राखल डाक्टर दास जानकारी देहनी ।
नारायणी अस्पताल जटिल अवस्था के कोरोना संक्रमित के मात्र भर्ना लेरहल बा । संक्रमण पुष्टि भईल माकिर लक्षण सामान्य भईल संक्रमित के होम आइसोलेसन मे रहेवाला किसिम से घर पठा देहल डाक्टर दास बतवनी ।
होम आइसोलेसन मे रहल २०८ जने कोरोनामुक्त
एहितरे संक्रमण पुष्टि होके होम आइसोलेसन मे रहल पर्सा के संक्रमित मेसे सोमार के सँझिया तक २ सय ८ जने संक्रमण मुक्त भईल बाडन । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड सम्पर्क व्याक्ति विनय श्रीवास्तव के मुताविक संक्रमण के दुसरका लहर सुरु भईल एने (बितल चईत १५ से एने वैशाख २० तक) सोमार के रात तक पर्सा जिल्ला के मात्र १ हजार ७ सय ७६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
उ मेसे होम आइसोलेसन मे १ हजार ३ सय ५० जने संक्रमित बाडन । होम आइसोलेसन मे रहल मेसे सोमार के सँझिया तक २ सय ८ जने संक्रमण मुक्त भईल बाडन ।
श्रीवास्तव के मुताविक वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे अभी १ सय ५७ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । नारायणी अस्पताल मे ८३ जने, नेशनल मेडिकल कलेज से बाबा होटल मे सन्चालन कईल कोभिड अस्थायी अस्पताल मे ३५ जने, बयोधा अस्पताल मे १६ जने, वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल मे १५ जने आ गण्डक हस्पिटल मे ८ जने संंक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।






