बारा मे वैशाख २३ गते से अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा

प्रभु यादव

बारा २१ बैशाख

कोरोना संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर बारा मे अनिश्चित के खातिर निषेधाज्ञा लगावल गईल बा ।

वैशाख २३ गते सँझिया ६ बजे से दोसर आदेश जारी ना होखे तक के खातिर निषेधाज्ञा लगावल गईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी सुरेन्द्र पौडेल जानकारी देहले बाडन ।

निषेधाज्ञा के आदेश मे बहुते जरुरी काम बाहेक घर बाहर ना निकलेके, खाद्यान्न, सागसब्जी, मछरी मासु, दवाई उपकरण बिक्री करेके बाहेक के दोकान शनिचर बाहेक हरेक दिन सबेरे ६ बजे से ११ बजे तक मात्र सञ्चालन करेके उल्लेख बा ।

हाट बजार, मेला, जात्रा जईसन भिडभाड होखेवाला कार्यक्रम करे ना मिलेके, दैनिक उपभोग्य बस्तु बिक्रि के खातिर सम्बन्धित स्थानीय तह से निर्धारण कईल जगहा मे भौतिक दुरी कायम करके बिक्री करेके, खानेपानी, विद्युत, अस्पताल, जनस्वास्थ्य, हुलाक, टेलीकम, वित्तीय संस्था बाहेक के सार्वजनिक सेवा प्रवाह सञ्चालन ना करेके निषेधाज्ञा मे उल्लेख बा ।

एहितरे उद्योग प्रतिष्ठान, बैंक तथा वित्तीय संस्था जईसन सार्वजनिक निकाय मे काम करेवाला कर्मचारी कामदारलोग परिचय पत्रसहित आवत जावत करे देवेके, उद्योग प्रतिष्ठान से आपन कर्मचारी, कामदारलोगक े उद्योग प्रतिष्ठान परिसर मे क्वारेन्टिन राख के उत्पादन काम मे लगावे के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पौडेल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।