बारा मे करेन्ट लाग के एक जने के मृत्यु
बारा २३ बैशाख
बारा के कलैया मे करेन्ट लाग के एक जने के मृत्यु भईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका–६ पर्सा टोल रहेवाला २० बरीस के रोशना खातुन के मृत्यु भईल बा ।
पुलीस के मुताविक घर के कल धारा मे जडान कईल मोटर चलावेके समय मे तार सर्ट होके करेन्ट लाग के उ घायल भईल रहनी ।
कलैया अस्पताल मे ईलाज के समय मे उनकर बियफे के दिन के १ः२५ बजे उनकर मृत्यु भईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।





