वीरगंज महानगरपालिका मे २३० बेड के कोभिड अस्पताल संचालन

वीरगंज २४ बैशाख

वीरगंज मे कोरोना संक्रमित के संख्या बढत गईल बा । अस्पताल मे शैया कमी भईला के बाद वीरगंज महानगरपालिका २ सय ३० शैया के कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर संचालन मे लिआईल बा ।

वीरगंज १० घडीअर्वास्थित गोपाल मण्डली अतिथी सदन मे महानगरपालिका शुक से २ सय ३० शैया के कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर संचालन मे लिआईल बा । शुक के सबेरे गोपालमण्डली अतिथी सदनमा एक कार्जक्रम करके महानगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर के औपचारिक रुप मे उदघाटन कईले बानी ।

महानगर से सञ्चालन मे लियावल कोभिड अस्थायी अस्पताल मे पहिलका मरेजी महानगरपालिका के उपप्रमुख शान्ति कार्की भर्ना भईल बानी । कार्की के बियफे के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या अप्रत्याशीत रुप मे बढत गईला के बाद एक हप्ता पहिले बईठल जिल्ला कोभिड संकट व्यावस्थापन केन्द्र (डिसिसिएमसी) के मंगर के दिने बईठल बईठक से वीरगंज महानगरपालिका कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर सञ्चालन मे लियावे के निर्णय कईले रहे ।

उहे निर्णय मुताविक, वीरगंज महानगरपालिका २ सय ३० शैया के कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर स्थापना करके आजु से सञ्चालन मे लिआईल बा । महानगर से सञ्चालन मे लियावल कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर मे सामान्य लक्षण भईल आ लक्षण ना देखल गईल संक्रमित के भर्ना करके ईलाज करेके महानगर प्रमुख सरावगी बतवनी ।

सरावगी के मुताविक, कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर मे डिएम (डक्टोरेट इन मेडिसिन) १ जने, एमडी (मेडिकल डाइरेक्टर) २ जने आ मेडिकल अफिसर ८ जने करके ११ जने चिकित्सक के खटावल गईल बा ।

एकरा साथे प्यारामेडिकल स्टाफ २१ जने, सरसफाइकर्मी ८ जने आ १० जने प्रशासनिक कर्मचारी भी खटावल गईल नगर प्रमुख सरावगी जानकारी देहनी । सरावगी के मुताविक, वीरगंज मे कोभिड संक्रमितलोग के संख्या वढल अवस्था मे रहल आ होम आइसोलेसन मे रहल संक्रमित के भी अक्सिजन देवेके अवस्था बा ।

माकिर अस्पताल मे ईलाज करेवाला जगहा के कमी भईला से महानगरपालिका आपन नागरिक के जीवन रक्षा के खातिर कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर संचालन मे लियावल सरावगी बतवनी । उ कहनी, ‘वीरगंज मे अभी हजार से बेसी संक्रमित अस्पताल मे बेड ना मिलके, होम आइसोलेसन मे बाडन, उ मेसे कुछ संक्रमित के स्वास्थ्यकर्मी के निगरानी मे दवाई आ अक्सिजन देवेके अवस्था बा, ओईसन संक्रमित के कोभिड अस्थायी अस्पताल मे भर्ना करके ईलाज कईल जाला ।’

होम आइसोलेसन मे अक्सिजन प्रयोग कर रहल संक्रमित के अवस्था भी जटिल बने लागला से डाक्टर के निगरानी मे ईलाज करे खातिर महानगरपालिका कोभिड अस्थायी अस्पताल संचालन मे लियावल उ बतवनी । सरावगी के मुताविक, महानगर के कोभिड अस्थायी अस्पताल तथा आइसोलेसन मे भर्ना भईल संक्रमित के अक्सिजन, दवाई आ खाजा, खाना भी महानगरपालिका निःशुल्क रुप मे उपलब्ध कराई ।

कोभिड संक्रमण के पहिलका लहर के समय भी वीरगंज महानगरपालिका वीरगंज के गण्डकस्थित गण्डक अस्पताल के भाडा मे लेके अस्थायी कोभिड अस्पताल संचालन कईले रहे आ सिद्धार्थ मावि मे आइसोलेसन सेन्टर स्थापना करके सञ्चालन मे लिआईल रहे । उ समय गण्डक कोभिड अस्पताल मे ४०४ जने आ सिद्धार्थ मावि के आइसोलेसन सेन्टर मे १२३ जने संक्रमित के ईलाज कईल रहे ।

वीरगंज मे समुदायस्तर मे मास टेस्टिङ भी सुरु

वीरगंज महानगरपालिका शुक से समुदायस्तर मे कोरोना परीक्षण काम भी सुरु कईले बा । बियफे तक वीरगंज मे नारायणी अस्पताल मे मात्र स्वाब संकलन करके कोरोना परीक्षण होत आईल रहे । संक्रमण दर बढत गईला के बाद शुक से महानगरपालिका महानगर के वार्ड वार्ड मे पुग के स्वाब संकलन अभियान सुरु कईले बा । पहिलका दिन शुक के वीरगंज १० आदर्शनगरस्थित नगरसभागृह बगल के बारुणयन्त्र के कार्यलय परिसर मे सबेरे ७ बजे से १० बजे तक स्वाब संकलन कईल बा । उ जगहा से शुक के दिने ४९ जने के स्वाब संकलन कईल महानगरकापालिका स्वाथ्यकर्मी जहिर आमल जानकारी देहनी । संकलन कईल स्वाबसब परीक्षण के खातिर नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पठावल गईल भी आलम जानकारी देहनी ।

शुक से महानगरपालिका के स्वास्थ्यकर्मी के घुम्ती टोली महानगर के हरेक वार्ड मे जाके स्वाब संकलन करे लागल नगरप्रमुख सरावगी जानकारी देहनी । सुरु मे संक्रमण बेसी देखल गईल वार्डसब मे स्वाब संकलन करेके जानकारी देत नगरप्रमुख स्वाब संकलन के खातिर घुम्ती टोली महानगर के ३२ गो वार्ड मे पुगेके बतवनी । स्वाब परीक्षण मे शुःल्क ना लागेके वीरगंज महानगरपालिका जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।