प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर मे १२८ जनशक्ति थप

जनकपुरधाम २५ वैशाख

कोरोना संक्रमित के ईलाज सहज बनावे खातिर प्रदेश २ सरकार प्रदेश के अस्पतालसब मे जनशक्ति थप कईले बा । प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम, नारायणी अस्पताल वीरगंज, गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल राजविराज सहित के अस्पताल मे जनशक्ति थप कईल बा ।

प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे १२८ जने जनशक्ति थप कईल बा । ई मेसे आईसीयू सञ्चालन के खातिर ६८ जने थप कईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

एहितरे नारायणी अस्पताल वीरगंज मे कोरोना के सघन ईलाज के खातिर प्रदेश सरकार १९ जने थप जनशक्ति उपलब्ध करवले बा ।

सप्तरी के राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे ८ जने थप जनशक्ति उपलब्ध करावल गईल बा । एहितरे सप्तरी के भारदह अस्पताल, पर्सा के पोखरीया अस्पताल, सिरहा, जलेश्वर, मलगंवा, गौर, कलैया आ लहान अस्पताल मे भी कोरोना के सघन ईलाज के खातिर थप जनशक्ति उपलब्ध करावल गईल मन्त्रालय जनवले बा ।

प्रादेशिक प्रयोगशाला मे ३३ जने जनशक्ति

प्रदेश सरकार प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला, जनकपुरधाम मे ३३ जनशक्ति उपलब्ध करावल गईल बा । ९ वाँ तह के माइक्रोबायोलोजिष्ट ३ जने, सात वाँ तह के मेटिकल टेक्नोलोजिष्ट ९ जने, सहायक पाँच वाँ तह के ल्याब टेक्निसियन ४ जने, सहायक चौथो तह के ल्याब असिस्टेन्ट ३ जने, कम्प्युटर अपरेटर ३ जने, सबारी चालक २ जने, सेक्युरिटी गार्ड ३ जने, कार्यालय सहजोगी ३ जने आ स्वीपर ३ जने उपलब्ध करावल गईल मन्त्रालय जनवले बा ।

ई जनशशक्ति के करार मे नियुक्त करे खातिर मन्त्रालय अस्पतालसब के कहले बा । ६ महिना तक के खातिर उलोग के करार मे नियुक्त करेके कहल मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।