कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे आउर चार जने के मृत्यु

वीरगंज २५ बैशाख

कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे आउर चार जने के मृत्यु भईल बा । नारायणी अस्पताल मे तीन आ नेशनल मेडिकल कलेज बाबा होटल मे सञ्चालन कईल कोरोना अस्पताल मे एक जने के मृत्यु भईल बा ।

नेशनल मेडिकल के कोरोना अस्पताल मे ५५ बरीस के संक्रमित के मृत्यु भईल बा । बारा के महागढीमाई नगरपालिका–२ के उनकर शनिचर के सबेरे ११ः५ बजे मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा । श्वासप्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद वैशाख १९ गते उनका के अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । अस्पताल के इमरजेन्सी वार्ड मे राख के स्वाब संकलन करके पीसीआर करईला पर बिहान भईला पीसीआर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । ओकरा बाद उनका के आइसोलेसन मे लेगईल गईल आ ईलज के समय मे सबेरे मृत्यु भईल अस्पताल के कहनाम बा ।

स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड पालना करके दाहसंस्कार करेके शर्त मे आफन्त लास बुझ के लेगईल बाडन ।

नारायणी अस्पताल मे रौतहट के ५५ बरीस के पुरुष, बारा के ४५ आ ५५ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल कोभिड संयोजक डा. सरोजरोशन दास जानकारी देहनी ।

रौतहट के सिर्सिया के ५५ बरीस के पुरुष के सबेरे पौने १२ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल जनवले बा । एन्टिजेन परीक्षण के समय मे वैशाख २१ गते उनका कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद वैशाख २२ गते उ अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।

बारा के ४५ बरीस के संक्रमित पुरुष के शनिचर के दिन के साढे १ बजे मृत्यु भईल बा । उनका मे भी वैशाख २१ गते कईल एन्टिजेन परीक्षण के समय मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बिहान भईला उ नारायणी अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।

बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–२ के ५५ बरीस के संक्रमित पुरुष के शुक के रात १० बजे मृत्यु भईल बा । भारत के नयाँदिल्ली मे कईल पीसीआर परीक्षण के समय मे उनका वैशाख ३ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बाद मे स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद वैशाख ८ गते नारायणी अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।

नयाँ भेरियन्टसहित के कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर शुरु भईला के बाद वीरगंज मे मात्र ६२ जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा । उ मेसे ३९ जने पर्सा के बाडन । बारा, रौतहट आ सर्लाही के २२ जने बाडन आ एक जने भारतीय नागरिक के कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे मृत्यु भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।