कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे आउर ५ जने के मृत्यु

वीरगंज २६ बैशाख
वीरगंज मे आउर ५ जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे शनिचर के सँझिया ५ बजे से एतवार के साँझ तक साढे ६ बजे तक पाँच जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।
तराई अस्पताल मे एक जने, नारायणी अस्पताल आ नेशनल मेडिकल कलेज बाबा होटल मे सञ्चालन कईल कोरोना अस्पताल मे २÷२ जने के मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा । एकरा सँगे वीरगंज मे मृत्यु होखेवाला के संख्या पुगल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–१० के ६० बरीस के पुरुष के एतवार के दुपहरिया तराई अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । वैशाख २२ गते भर्ना भईल उनकर उहे दिन कईल एन्टिजेन परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।
नारायणी अस्पताल मे विन्दवासिनी गाँवपालिका–४ के ५० बरीस के जनानी आ वीरगंज–३ के ७२ बरीस के वृद्धा के मृत्यु भईल बा ।
५० बरीस के जनानी वैशाख २५ गते भर्ना भईल रहनी । उहे दिन कईल एन्टिजेन परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । ईलाज के समय मे एतवार के दुपहरिया ४ः१० बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड फोकल पर्सन डा. सरोजरोशन दास जानकारी देहनी ।
वैशाख २२ गते भर्ना भईल ७२ बरीस के वृद्धा के उहे दिन कईल एन्टिजेन परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । ईलाज के समय मे एतवार के सबेरे सवा १२ बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा । नारायणी अस्पताल मे ३८ जने जनानी सहित १२५ जने कोरोना संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । जउना मेसे आईसीयू मे ५४ आ एचडीयू मे ५० जने बाडन । ९ जने भेन्टिलेटर मे, ८ जने सिप्याप आ हाईफ्लो अक्सिजन मे २ जने बाडन ।
पर्सा के पकाहामैनपुर गाँवपालिका के दु जने संक्रमित के बाबा होटल कोरोना अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । ३८ बरीस के जनानी आ ६० बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
३८ बरीस के जनानी के शनिचर के दिने पीसीआर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । उनका के आईसीयू मे राख के ईलाज कर रहल अवस्था मे एतवार के दिने सँझिया अचानक स्वास्थ्य अवस्था बिगडल । कोरोना अस्पताल के डा. ओमप्रकाश कुशवाहा के मुताविक सँझिया ६ः३० बजे उनकर मृत्यु भईल । उनका म पहिले से दम आ मधुमेह के समस्या रहे ।
पकाहामैनपुर गाँवपालिका–४ के ६० बरीस के पुरुष के बाबा होटल कोरोना अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । वैशाख २३ गते भर्ना भईल उनकर उहे दिन कईल पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । ईलाज के समय मे शनिचर के सँझिया ५ बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।
नेशनल मेडिकल कलेज के कोरोना अस्पताल मे १६ जने जनानी सहित ६६ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । आईसीयू मे ईलाज करा रहल २० जने मेसे १० जने भेन्टिलेटर मे बाडन ।





