गौर अस्पताल के पुलीस अक्सिजन सिलिण्डर देहलख

मेवालाल यादव

रौतहट २६ बैशाख,

विश्वव्यापी रुप मे फईलल कोभिड भेरियेन्ट सहित भाईरस से संक्रमित होके गौर अस्पताल मे अस्थायी कोभिड वार्ड मे १६ जने मरेजीलोग ईलाज करा रहल बाडन ।

शनिचर के रात अस्पताल मे स्टक रहल अक्सिजन मरेजी के खातिर ना पुगेके जानकारी मिलला के बाद जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट ७.६ किलो तौल भईल २३ गो अक्सिजन सिलिण्डर रात के २ बजे के समय मे गौर अस्पताल मे देहले बा ।

रौतहट मे ईलाज करा रहल मरेजीलोग से उपयोग करे मिलेके अस्पताल के डा.घनश्याम ठाकुर (एम.ओ.) के हस्तान्तरण कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।