वीरगंज महानगर सोमार से एन्टीजेन परीक्षण करी

वीरगंज २६ बैशाख

वीरगंज महानगरपालिका सोमार से स्वाब नमुना संकलन केन्द्र मे एन्टीजेन परीक्षण करेके जनवले बा । ओकरा खातिर नारायणी अस्पताल १ हजार थान एन्टीजेन किट उपलब्ध कराई ।

तीन दिन से पीसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब नमुना संकलन करके परीक्षण के खातिर पठईला पर नारायणी अस्पताल एगो भी रिपोर्ट ना पठईला के बाद विवाद भईल रहे । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे सँगे भईल बईठक मे पीसीआर परीक्षण के कम प्राथमिकता देवेके बारेमे सहमति भईल रहे ।

महानगरपालिका स्वाब संकलन करके तत्काल एन्टीजेन परीक्षण करेके, लक्षण भईल माकिर एन्टीजेन नेगेटिभ आईल के मात्र स्वाब नमुना पीसीआर के खातिर पठावे के निर्णय भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी घिमिरे जानकारी देहनी ।

‘स्वाब संकलन सँगे एन्टीजेन परीक्षण के भी अगाडी बढावेके कहल गईल बा । अईसन कईला पर जलदी से जलदी रिपोर्ट आई ।’ प्रजिअ घिमिरे कहनी ‘कोरोना संक्रमण से मिलेजुलेवाला लक्षण भईला पर भी एन्टीजेन नेगेटिभ अईला पर मात्र पीसीआर के खातिर स्वाब नमुना संकलन करके नारायणी पठावेके बा । महानगर के एन्टीजेन किट नारायणी अस्पताल दि ।’

महानगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी अस्पताल से किट देहला पर बईठक के निर्णय मुताविक हि अगाडि बढेके बतवनी । ‘अस्पताल मे भिड कम होखो कहके सहजोग के खातिर स्वाब संकलन कईल सुरु कईल गईल बा, एन्टीजीन किट हमनी लगे नइखे । अस्पताल से देहला पर उहे मुताविक होखी ।’ कहत उ ‘सिआईसिटी टिम ट्रेसिङ कईल आ लक्षण सहित जाँच करे आईल आदमी कििे मात्र परीक्षण करेके बा ।’

महानगरपालिका २० लाख मुल्य बराबर के एन्टीजीन किट खरिद के खातिर टेन्डर प्रक्रिया शुरु कईल उ जानकारी देहनी । नगर प्रमुख सरावगी, अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डाक्टर संजय ठाकुर आ आउर सुरक्षा निकाय के प्रमुख तथा प्रतिनीधि के उपस्थिति मे बईठल बईठक मे अस्पताल क्षेत्र के शान्ति सुरक्षा कायम करावे के सम्बन्ध मे भी छलफल भईल बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी घिमिरे अस्पताल क्षेत्र आ स्वास्थ्यकर्मी के सुरक्षा अभी प्राथमिकता रहल बतवनी । ‘काम करेके समय मे असुरक्षा महशुस भईला पर तुरुन्त खबर करे खातिर कहल गईल बा, सुरक्षा के बात मे चिन्ता करेके ना पडि । उच्च मनोबल के साथ निफिकिर होके काम करी कहके सुरक्षा के प्रत्याभूति देहल गईल बा ।’ कहत प्रजिअ घिमिरे ‘अभी स्वास्थ्यकर्मी के हाई मोरल मे काम करेके वातावरण बनावे के दायित्व हमनी सभी के ह । उलोग के सुरक्षा के बात मे संवेदनशील बानी ।’

दक्ष जनशक्ति कम भईला के चलते अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे चाप बेसी होके रिपोर्ट आवेमे देरी भईला के बाद सर्वसाधरण आक्रोशित बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।