हिन्दु स्वंयसेवक संघ के मानवीय उद्धार काम, निःशुल्क दवाई बैंक सुरु

वीरगंज ११ जेठ
हिन्दु स्वंयसेवक संघ नेपाल पर्सा मानवीय उद्धार काम मे आउर सेवा के विस्तार कईले बा । कोरोना महामारी से प्रभावितलोग के राहत तथा उद्धार के काम वितल दु हप्ता से संचालन करत आईल बा ।
माकिर मंगर से आपन मानवीय सेवा काम के आउर विस्तार करत कोरोना संक्रमित भईल मरेजीलोग के निःशुल्क रुप मे औषधी उपलब्ध करावे खातिर औषधी बैंक के सेवा संचालन मे लिआईल बा ।
वीरगंज १६ बाईपास (माँ बैष्णो देवी मन्दिर) लगे रहल हिन्दु स्वंयसेवक संघ कार्यालय (केशवधाम भवन) से निःशुल्क रुप मे कोरोना संक्रमितलोग के खातिर औषधी वितरण काम शुरु कईल जनकपुर सम्भाग के कार्यवाह जानकारी करवनी ।
औषधी बैंक के उदघाट्न वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी कहनी । औषधी बैंक के उदघाट्न करत मेयर सरावगी संघ से महामारी जईसन गम्भिर परिस्थिती मे भी आपन स्वास्थ्य के ख्याल ना करके मानवीय सेवा के आउर निरन्तरता देहल उपर अभार प्रकट कइनी ।
संघ से संचालन मे लियावल औषधी बैंक मे कोरोना संक्रमित देखल गईल मरेजीलोग के खातिर फुल प्याकेज औषधी निशुल्क उपलब्ध कराई । कोरोना संक्रमित भईल रिपोर्ट भा चिकित्सक के सल्लाह अनुसार के मरेजी के २४ औं घण्टा औषधी उपलब्ध करावेके संघ जनवले बा ।
जरुरी पडला पर घर मे पुगके मरेजी के दवाई उपलब्ध कराएम, जनकपुर सम्भाग के कार्यवाह कहनी, कउनो भी आदमी के दवाबिरो आ भोजन के कमी होखे ना देहेम, हमनी जेतना सकेम निःशुल्क दवाई आ भोजन के व्यवस्था मिलाएम ।
संघ एकरा से पहिले भी वीरगंज के अनेकन क्षेत्र मे लकडाउँन से प्रभावित आदमी के राहत तथा निःशुल्क भोजन के व्यवस्था मिलावत आईल बा । नेशनल मेडिकल कलेज के कोरोना अस्पताल नगवा मे रहल मरेजीलोग के आफन्त कुरुवालोग के दैनिक सबेरे आ सँझिया निःशुल्क भोजन तथा आवास के व्यवस्था मिलवले बा ।
जदि अपने के सम्पर्क मे भा केहु कहुँ कोरोना संक्रमित आदमी भा परिवार बा ओकरा के (दवाई, भोजन, भा आउर कउनो भी किसिम के) सेवा के जरुरत बा त कृपया सम्पर्क नम्बर ९८५५०२०८०८, ९८०२९२०८०८ आ ९८४८९०२९५६ मे फुन करके भा करावे खातिर निहोरा करत बानी ।
हमनी के खटल स्वयंसेवक क्रमश, सुरज अवस्थी, कृष्ण आर्चाय, कृष्णमोहन सहाय, सनी मुखिया, लक्ष्मण चौधरी, नौनित बराल, नरेश सर्राफ, कृष्ण चौरसिया, मोनु कलवार, रुपेश हाँस्दा, सुभाब जी लगायत ओकर ब्यवस्थापन मे सहजोग कर रहल बाडन ।






