अनुभवी डा. सिंह के कोभिड के जिम्मेवारी देहला पर नारायणी के कर्मचारीलोग खुसी, जिम्मेवारी से हटल चिकित्सकलोग सुरु कईलें राजनीति

वीरगंज ११ जेठ
नारायणी अस्पताल वीरगंज मे नयाँ मेसु अईला के बाद अस्पताल के सेवा प्रभावकारी बनावे खातिर चिकित्सकलोग के जिम्मेवारी हेरफेर कईला के बाद कुछ चिकित्सकलोग गुटगत राजनिति सुरु कईले बाडन ।
अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट (मेसु) डा. संजय ठाकुर के सरुवा भईला के बाद निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट(मेसु) के जिम्मेवारी मिलल डा. बिरेन्द्र प्रधान चिकित्सकलोग के जिम्मेवारी हेरफेर कइला के बाद राजनिति होखे लागल बा ।
दुसरका चरण के कोरोना महामारी के समय मे अस्पताल के मेसु डा. ठाकुर कोरोना नियन्त्रण आ रोकथाम के खातिर प्रभावकारी काम करे ना सकला के बाद स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय उनकर सरुवा करके निमित्त मेसु के जिम्मेवारी डा. प्रधान के देहले बा ।
पिछिलका बेर कोर्डिनेटर आ निमित्त मेसु के कार्यभार सम्भारल आ अभी जिम्मेवारी छिनाईल डा. इनामुल हक अख्तियार मे मुद्दा सहत आईल चिकित्सक हउवन् । उनका उपर अख्तियार मे मुद्दा बिचाराधिन बा ।
उ चिकित्सक उपर हातपात कईला के चलतले तत्कालीन प्रजिअ आस्मान तामाङ लिखित मफिनामा करावत एक बेर के खातिर माफी भी कईले रहलन । उ मेसु रहल समय अस्पताल मे हिनामिना करेवाला कुछ कर्मचारीलोग फेनु सक्रिय होत अस्पताल मे अनावश्यक राजनीति कईला के लचते अस्पताल के कर्मचारी तथा चिकित्सक चिन्ता जनवले बाडन । उ कर्मचारीलोग मेसे कुछ राजनिती दल के आड मे काम कईल स्थानिय राजनीतिक दल के नेतालोग बतवले बाडन ।
नयाँ मेसु के जिम्मेवारी मिलल डा. प्रधान अस्पताल के व्यवस्थापन सुधार करेके आ कोरोना संक्रमित के ईलाज के व्यस्थित बनावे खातिर अनेकन चिकित्सकलोग के जिम्मेवारी हेरफेर कईल बतवनी । उहे समय मे मेसु डा. प्रधान कोभिड संयोजक डा. सरोज रोशन दास के जिम्मेवारी डा. उदयनारायण सिंह के देहले बानी । डा. दास के कोभिड फोकल फर्सन के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।
मरेजीलोग के ईलाज मे लापरवाहि भईल कहत डा. दास के बारम्बार जानकारी करईला पर भी कउनो वास्ता ना कईल मरेजी लोग बतावत आईल बाडन । कउना नयाँ संक्रमित अस्पाल मे आके बेड के खातिर कहला पर “रुकी केहु के मृत्यु मृत्यु भईला पर अपने के बेड मिला देहेम” कहत गैर जिम्मेवारी जवाफ भी देत आईल मरेजी के आफन्तलोग सिकाईत कईले बाडन ।
मेसु डा. प्रधान अस्पताल के व्यवस्थित करे खातिर चिकित्सकलोग के जिम्मेवारी हेरफेर कईला के बाद असन्तुष्ट कुछ अस्पताल के चिकित्सकलोग गुटगत राजनिति सुरु कईले बाडन । अभी महामारी आ संकट के समय मे कउनो भी जिम्मेवारी भईला पर भी कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण मे सहजोग करेके जगहा मे उलोग सेनियर आ जुनियर चिकित्स के बहाना बनावत गुटगत राजनिति करे लागल बाडन ।
अभी कोभिड संयोजक के जिम्मेवारी मिलल डा. सिंह संगे ९ बरीस के अनुभव बा । उ नारायणी अस्पताल के ८ औं तह के स्थायी चिकित्सक हई । उ बितल बरीस के कोरोना महामारी के समय मे नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक होके प्रभावकारी काम कईले रहनी । उहे चलते फेनु उनका के जिम्मेवारी देहल गईल बा । उ कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण मे बढिया भुमिका निर्वाह कईला खातिर प्रधान सेनापती आ मुख्यमन्त्री से पुरस्कृत भईल चिकित्सक बानी ।
माकिर जिम्मेवारी छिनाईल डा. दास नारायणी अस्पताल के अस्थायी (दु बरीस के करार) चिकित्सक हउवन । उनका लगे ६ महिना के मात्र अनुभव रहल बा । उ नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक के जिम्मेवारी मे रहल समय कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण मे खासे प्रभावकारी काम ना देखल गईल रहे ।
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय सरावगी मेसु आपन अनुकुल जिम्मेवारी हेरफेर कईला के सकरात्मक रुप मे लेवेके बतवनी । कउनो भी अस्पताल भा कार्यालय प्रमुख बढिया सेवा देवे खातिर आपना मुताविक जिम्मेवारी हेरफेर करे सकेके बतवनी ।
मेयर सरावगी बितल बरीस के कोरोना काल मे बढिया आ प्रभावकारी भुमिका निर्वाह कईल डा. सिंह के फेनु कोभिड संयोजक के जिम्मेवारी मिलला मे सकरात्म रुप मे लेवेके प्रतिक्रिया देहनी ।
एहितरे नेपाली कांग्रेस पर्सा के सचिव श्याम पटेल चिकित्स के जिम्मेवारी हेरफेर समान्य बात भईल बतवनी । उ कोभिड संयोजक के जिम्मेवारी मिलल डा. सिंह बितल बरीस के कोरोनाकाल मे कईल काम के सराहना करत अभी के भ्यावह अवस्था मे फेुन जिम्मेवारी मिलला मे महत्वपूर्ण भईल बतवनी ।






