बिधायक रामकिसोर यादव वियाह मण्डप भवन के शिलान्यास कईनी

मेवालाल यादव
रौतहट १२ जेठ
प्रदेश २ के प्रदेश सांसद तथा रौतहट क्षेत्र नं. २ ख के बिधायक रामकिसोर यादव गृह जिल्ला रौतहट मे आजु एगो वियाह मण्डप के शिलान्यास कईले बानी ।
जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रिय सदस्य तथा रौतहट क्षेत्र नं. २ ख के बिधायक रामकिसोर यादव रौतहट के परोहा नगरपालिका –४ लौकाहा मे रामकिसोर यादव आपन निजि कोष से वियाह मण्डप भवन के कम्पाउण्ड के शिलान्यास कईले बानी । लाखो के लागत मे निर्माण होखे लागल उ वियाह मण्डप भवन कम्पाउण्ड के बिधायक रामकिसोर यादव आजु एक कार्जक्रम के बीच शिलान्यास कईले बानी ।
बिधायक यादव निर्वाचन के समय जनता सँगे कईल प्रतिवद्धता मुताविक उ वियाह मण्डप भवन कम्पाउण्ड के शिलान्यास करके निर्माण काम अगाडि बढवले बाडन । शिलान्यास कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि जनता समाजवादी पार्टी केन्द्रिय सदस्य तथा रौतहट क्षेत्र न २ ख को बिधायक रामकिसोर यादव, युवा नेता अनावर हासिम, युवा नेता मो .सकिल अख्तर, युवा नेता ओम पटेल, युवा समाजसेवी अनिल कुमार यादव, रामाकान्त यादव, बिसुन्देयाल यादव, लखिन्द्र कुशवाहा लगायत के नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।






