पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे एन्टिजेन परीक्षण कईल जाई

वीरगंज १४ जेठ

पर्सा के स्थानीय तह संक्रमित पहिचान के खातिर एन्टिजेन परीक्षण करेके जनवले बा । शुक के दिने वीरगंज मे भईल बईठक मे स्थानीय तह के प्रमुख, राजनीतिक दल के नेता लगायत सरोकारवाला के बईठक से एन्टिजेन परीक्षण आ कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के प्रभावकारी बनावेके निर्णय कईले बा ।

पर्सा मे वीरगंज महानगरपालिका सहित १४ गो स्थानीय तह बा । बईठक मे वीरगंज महानगरपालिका सहति ६ गो स्थानीय तह के प्रतिनिधि सहभागी रहलन ।

ग्रामीण क्षेत्र मे कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण देखल गईल आदमीसब के जलदी से जलदी एन्टिजेन परीक्षण करेके निर्णय भईल जिल्ला समन्वय समिति के सभापति नेक महम्मद अन्सारी जानकारी देहनी । उ ‘पालिका लग पईसा के क मी नईखे, जरुरत मुताविक गुणस्तीय एन्टिजेन किट खरिद करेके आ जलदी से जलदी परीक्षण करेके निर्णय भईल बा ।’

जिल्ला समन्वय समिति सभी स्थानीय तहसब मे रहल आइसोलेसन सेन्टर आ स्वास्थ्य चौकीसब के अनुगमन करेके आ कमी कमजोरी भईल ना भईल देखेके निर्णय भईल उ बतवनी ।

नारायणी अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. उदयनारायण सिंह समुदाय केन्द्रित परीक्षण बढावेके सुझाव बईठक मे देहले रहनी । उ ग्रामीण भेग मे देखल गईल लापरबाही कम करेके आ मृत्युदर घटावल जरुरी रहल बतवनी ।

‘कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण देखल गईल आदमीसब के परीक्षण करेके, जलदी से जलदी संक्रमित पहिचान करके आइसोलेसन मे राखेके आ स्वास प्रश्वास मे समस्या आवते मातर अस्पताल रिफर करेवाला किसिम से व्यवस्था मिलावेके पडि’ उ कहनी ।

पालिका के एक सय एन्टिजेन किट

स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के मुताविक जिल्ला मे अभी ३ हजार एन्टिजेन किट मौज्दात बा । पालिका के जरुरी आदमी के परीक्षण के खातिर १÷१ सय किट देवेके तईयारी हो रहल बा ।

लक्षण देखल गईल कोरोना परीक्षण के खातिर पालिका के किट देवेके निर्णय भईल जनस्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।

‘वीरगंज नाका मे ५ सय किट पठावल गईल बा, लक्षण देखल गईल भा केस देखल गईल जगहा मे परीक्षण के खातिर पालिका के १÷१ सय एन्टिजेन किट देवेके तईयारी भईल बा’ उ कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।