कालिका बानिया निर्माण सेवा के लापरबाही, हुलाकी सडक फुटेलागल, स्थानिय चिन्तित

मेघराज राय
जिराभवानी १५ जेठ
निर्माण पूरा ना होत नेपाल सरकार के हस्तान्तरण कईल चमरी ठोरी हुलाकी सडकखण्ड धस के फाटल बा ।
दु दिन से पड रहल बेमौसमी वर्षात के चलते हुलाकी सडक खण्ड मे चिरा फाटल बा । निर्माण कम्पनी जलदी पुरा करेके बहाना मे कमसल काम कईल स्थानीय आरोप लगवले बाडन । हुलाकी सडक अन्तर्गत पर्सा के चमरीहोल से–ठोरी खण्ड मे पडेवाला ठोरी गाँवपालिका–४ निर्मलबस्ती मे रास्ता मे चिरा फाटल बा ।
पुल लगे के एक ओरी के भाग चिरा पर के टुटे लागल स्थानीय नातिकाजी सुनार जानकारी देहनी । ‘हुलाकी निर्माण पूरा भईल कहके हस्तान्तरण भईला दु महिना बितल बा, माकिर रोड फाट के फुटे लागल बा,’ कहत उ, ‘माटी बढिया से दाब के पिच करेके चाहिंत मात ओईसन नईखे भईल, पानी पडते मातर रोड फाटल बा । रास्ता हि अवरुद्ध होखेके स्थिति बा ।
करिब १५ मिटर तक रोड फाटल उनकर कहनाम बा । हुलाकी सडक के दुसरका प्याकेज अन्तर्गत ३० किमि लम्हर सडकखण्ड निर्माण के ठेक्का कालिका बानियाँ जेभी लेहले रहे । २०७४ कातिक १३ मे १ अरब १७ करोड रोपेया मे ठेक्का सम्झौता भईल काम २०७७ जेठ २ तक पुरा करेके रहे ।
लकडाउन तथा आउर कारण से काम पुरा होखे ना सकला पर ६ महिना म्याद थपाईल रहे । उ समय मे भी ५ किलोमिटर सडक निर्माण पूरा ना होते सडक हस्तान्तरण कईला के बाद स्थानीय विरोध कईले रहलन ।
मुआब्जा विवाद मे अदालत के स्टे–अर्डर, गाछि काटे खातिर चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज से अनुमति ना देहल आ स्थानीय के अवरोध के चलते काम करे ना सकल ठेकेदार कम्पनी बतावत आईल बा । ठुटे खोला मे नेपाल आ भारतबीच के कुलो के विषय मे विवाद समाधान होखे सकल नईखे ।






