एसईई परीक्षा वैकल्पिक विधि से करे खातिर परीक्षा बोर्ड मँगलख अनुमति

काठमाण्डु १६ जेठ
राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) वैकल्पिक विधि से सञ्चालन करे खातिर शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधि मन्त्रालय से अनुमति मँगले बा ।
जेठ १३ के खातिर पूर्व निर्धारित परीक्षा कोरोना महामारी के चलते होखे ना सकला के बाद वैकल्पिक विधि से परीक्षा सञ्चालन करे खातिर अनुमति माँगल बोर्ड के अध्यक्ष प्रा. डा. चन्द्रमणि पौडेल बतवनी । ‘सुझाव समिति के प्रतिवेदन के आधार मे अनुमति माग कईल बा’ कहत उ, ‘अनुमति मिलेके अपेक्षा बा ।’
बोर्ड एसईई आ किलास १२ के परीक्षा सञ्चालन के बारे मे सुझाव देवे खातिर शिक्षा तथा मानव स्रोत विकास केन्द्र के महानिर्देशक वैकुण्ठ अर्याल के नेतृत्व मे समिति गठन कईले रहे । समिति एसईई आ किलास १२ दुनु के परीक्षा सञ्चालन के बारे मे अनेकन विकल्प सुझाव देहले रहे ।
एतवार के दिने बईठल परीक्षा बोर्ड के बईठक से समिति के प्रतिवेदन शिक्षा मन्त्रालय मे पठावेके आ मन्त्रालय उपयुक्त विधि छनोट करके मन्त्रिपरिषद मे लेजाएके निहोरा कईल परीक्षा नियन्त्रक कृष्णप्रसाद शर्मा बतवनी । ‘हमनी इहे विधि कहके किटान कईल नईखे । प्रतिवेदन मे अनेकन विधि सुझावल देहल गईल बा । उहे प्रतिवेदन मन्त्रालय पठावल गईल बा’ कहत उ, ‘अब मन्त्रालय से उपयुक्त विधि छनोट करके मन्त्रिपरिषद लेजाई ।’
परीक्षा बोर्ड अभी एसईई के खातिर अनुमति माग कईल बा । ‘किलास १२ के खातिर कुछ समय रुकेके आ जरुरत पडला पर अनुमति माँगल जाई’ बोर्ड अध्यक्ष प्रा. डा. पौडेल बतवनी ।
जेठ १३ गते से परीक्षा सुरु करेवाला किसिम से एसईई के प्रश्नपत्र छपावल गईल काम एकरा से पहिले हि ओराईल रहे । माकिर महामारी के चलते परीक्षा रुकला के बाद ५ लाख १७ हजार विद्यार्थी तनाव मे बाडन ।
किलास १२ मे करिब ४ लाख विद्यार्थी परीक्षा के तईयारी मे बाडन ।






