मुस्लीम फण्ड के नाम मे जोडल गईल धारा मे ब्रहमलुट, पानी पिएमे अयोग्य

मेघराज राय
जिराभवानी १६ जेठ
मुस्लीम फण्ड के नाम से पर्सा जिल्ला के अनेकन ग्रामीण जगहासब मे हलावल हजारो धारा के पानी पिएमे अयोग्य भईल मिलल बा ।
फण्ड १५ से बेसी मे २५ फिट तक मात्र पाइप हलाके धारा जडान कईला से पानी पिएमे अयोग्य भईल बा । ५० फिट से कम हलावल धारा के पानी पिएके ना होखी कहके खानेपानी विज्ञलोग बतावेलन ।
मुस्लीम फण्ड के नाम मे जिल्ला के गाँवघर मे सिधासाधा परिवार से ५ हजार से ८ हजार तक पईसा असुल के धारा हलावेके काम के आ काहे कर रहल बाडन । ओकर जानकारी कउनो स्थानीय तह के सरकार सँगे भी नईखे । जिराभवानी गाँवपालिका–१ मे बहुते जईसन घर के अगाडि आ तरकारी बारी के घरे पिच्छे पानी के धारा हलावल गईल बा । धारा मे अरवी अक्षर से लिखल बा ।
खानेपानी सुविधा के खातिर कहत निःशुल्क कहला पर भी ५ हजार से ८ हजार रोपेया तिरके हलावल धारा के पानी खानयोग्य ना भईल स्थानीय जसपा के युवा नेता नेसार समानि बतवनी ।
जिराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नंं. ५ के शंकारसरैया स्थित दलित बस्ती मे पाँच गो घरसब भईल टोल मे १२ गो तक धारा हलावल बा । कम हलगईला के चलते कुछ धारा से पानी आईल छोडले बा । पानी आवेवाला कैयन मे धारा के पानी स्थानीय पियत आईल बाडन । माकिर पानी स्वच्छ ना भईल समानि बतवनी ।
फण्ड से जडान कईल धारा मे बढिया आ सजिलो पानी ना आवेला कहके दोसर स्थानीय सुगान्धी देवी कहनी । ‘धारा हलावेवाला मिस्त्रीलोग के समुह एकदिन मे सात गो तक धारा हलाके गईलन, कहत उ १५ से मुस्किल से ३० फिट तक धारा हलवले बाडन, तानका बेसी हलावेके ना मनलख, पानी त आईल माकिर बढिया नईखे कहके उ बतवनी । हमनी के एतने मात्र हलावेके कहल गईल बा कहत मिस्त्रीलोग ना मानल उ बतवनी । उहे चलते अभी गाँव के बहुते धारा प्रयोग विहिन बनल बा । धारा हलगईला पर नगद १० हजार खर्च भईल उ बतवनी ।
जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. ं१ के गम्हरिया, बालुवा, महादेवपट्टि, जगतिया लगायत के जगहा मे मुस्लीम फण्ड के धारा हलावल जगतिया के रामप्रसाद ओझैया बतवनी । धारा के खातिर नाम लिखे खातिर दोसर आदमी अईला से उलोग के खुदसब ना चिन्हल बतवनी ।
एने मुस्लीम फण्ड से कहत धमाधम गाँव मे धारा हलईला पर भी स्थानीय सरकार बेखबर रहल बा । धारा हलावे के काम मे खुदसबसँगे कउनो किसिम के समन्वय हि ना भईल जिराभवानी गाँवपालिका १ के वार्ड अध्यक्ष शेख नुमान आजम बतवनी । धारा हलावल बढिया भईला पर भी उ धारा के पानी पिए योग्य ना भईल उनकर कहनाम बा । पटेर्वासुगौली गाँवपालिका १ सोनबार्षा के अहमद अन्सारी मुस्लीम अगुवा धारा हलावेके काम के संयोजन कर रहल उ बतवनी ।






