वीरगंज महानगरपालिका के ६ लाख ८९ हजार के खाद्यान्न सहजोग

वीरगंज १८ जेठ
वीरगंज महानगरपालिका के एक औद्योगिक समूह से राहत के खातिर खाद्यान्न सामान सहजोग कईले बा । शिवशक्ति ग्रुप महानगरपालिका के ६ लाख ८९ हजार रोपेया बराबर के खाद्यान्न सामान मंगर के दिने नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी के हस्तान्तरण कईले बा ।
ग्रुस से ३६० बोरा चाउर, एक हजार किलो दाल आ सोयाबिन तेल एक सय लिटर सहजोग कईले बा । कोरोना महामारी के चलते रोजगारी गुमाके रोजीरोटी मे समस्या पडललोग के सहजोग पुगो कहके उद्देश्य से खाद्यान्न सामान सहजोग कईल शिवशक्ति ग्रुस के प्रशासकीय अधिकृत महेशजंग पाण्डे जानकारी देहनी ।
खाद्यान्न सामान बुझत नगर प्रमुख सरावगी विषम परिस्थिति मे आईल सहजोग से लक्षित वर्ग से हि लाभ लेवेके बतवनी । वीरगंज मे रेल्वे कटेज, साहेब दरबार सेवा संस्था, सानो पाइला, हन्ड्रेड ग्रुपस लगायत के संघ संस्था रोजगारी गुमवल विपन्न वर्ग के लक्षित करके निःशुल्क भोजन अभियान सञ्चालन कईले बाडन । महानगरपालिका ओईसन संघ संस्था के खाद्यान्न सहजोग कर रहल बा ।






