पर्सा मे जेठ ३० गते तक निषेधाज्ञा जारी राखे खातिर सिफारिस

वीरगंज १९ जेठ

कोरोना भाइरस के संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर पर्सा मे लगावल गईल निषेधाज्ञा के जेठ ३० गते तक निरन्तरता देवे खातिर सिफारिस कईल बा । जिल्ला कोभिड व्यवस्थापन समिति के बुध के दिने बईठल बईठक से निषेधाज्ञा थप करेके सिफारिस कईले बा ।

कोरोना संक्रमण के श्रृंखला तुरे खातिर निषेधाज्ञा उपयोगी देखल गईला से जेठ ३० गते रात १२ बजे तक थप करे खातिर प्रमुख जिल्ला अधिकारी समक्ष सिफारिस कईल समिति के निर्णय मे उल्लेख बा ।

कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद पर्सा मे वैशाख १६ गते से निषेधाज्ञा लगावल गईल बा । एक महिना से बेसी समय निरन्तर निषेधाज्ञा जारी राखला पर व्यापार व्यवसाय चौपट भईल कहत कैयन खुकुलो करेके माग करत आईल बाडन आ पिछिलका दिन मे निषेधाज्ञा के अवज्ञा करेके क्रम भी बढल बा ।

बईठक से कोभिड–१९ महामारी के समय मे जेठ १९ गते तक लास व्यवस्थापन के खातिर खर्च कईल ३ लाख ७१ हजार ६१५ रोपेया, क्वारेन्टिन÷होल्डिङ सेन्टर व्यवस्थापन मे खर्च कईल ७६ हजार १०० रोपेया आ अनुगमन÷कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ लगायत काम मे सवारी साधन के इन्धन के खातिर २ लाख ८ हजार ८६० रोपेया करके जम्मा ६ लाख ५६ हजार ५७५ रोपेया खर्च समर्थन करेके निर्णय भी कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भीमकान्त पौडेल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।