पाण्डे आपन बाबुजी के १३ वाँ पुण्य तिथि मे कपडा खाद्यान्न देहलें

प्रभु यादव
बारा १९ जेठ,
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे रहल अनाथालय मे आपन बाबू के १३ वाँ पुण्य तिथि के असर पर लताकपडा आ खाद्यान्नय समान देहले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका–८ निवासी डा.शैलेश पाण्डेय आपन बाबु कृष्णकान्त पाण्डेय के १३ वाँ दिन के पुण्य तिथि मे विपन्न परिवार के खाद्यान्न सामाग्री देहनी । डा.पाण्डेय परिवार कलैया–४ मे रहल अमृता अनाथ आश्रम आ सुन्दर बस्ती मे खाद्यान्न सामाग्री देहले बानी ।
डा.पाण्डेय आश्रम के सञ्चालिका फूलमती बस्नेत के आश्रम मे रहल एन्जल नेपाल, खुशी नेपाल, निश्चल नेपाल, सबिना परियार लगायत के १४ जने लइका लईकी के खातिर पाईन्ट सर्ट कपडा आ दाल तरकारी के खातिर देहले बानी । सुन्दर बस्ती मे रहेवाला ३० परिवार लोग के ४ किलो चाउर, दाल, आलु, नुन, खाएवाला तेल, मसाला डा.पाण्डेय परिवार देहनी । स्थानीय शंकर राम, जितेन्द्र कुमार, अजय पासवान, विनोद राम, रामजी चौधरी लगायत के ३० परिवार के खाद्यान्न सामाग्री पाण्डे परिवार देहले बानी ।






