बाल हेल्पलाइन नं १०९८ बारा कोभिड पोजेटिभ लईकालइकी के राहत सामान सहजोग

प्रभु यादव
बारा १९ जेठ
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के कोभिड पोजेटिभ भईल १० जने लईकालइकीसब के पौष्टिक युक्त खाद्यान्य सामानसब बितरण कईल बा । उ सामानसब कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव हरेक परिवार के च्वन प्रास १ किलो, रियल जुस १ किलो, होर्लिस ५०० ग्राम, सातु ५०० ग्राम, काजु २ प्याकेट, काबली बेदाम २ प्याकेट लगायत के सामानसब बँटले रहनी ।
कोभिड पोजेटिभ लईकालइकीसब के बँचावेके तथा संरक्षण के खातिर बाल हेल्पलाइन नं. १०९८ बारा सराहनिय काम कईल नगर प्रमुख यादव बतवनी ।
उ सासमान महिला, बालबालिका तथा ज्येष्ठ नागरिक मन्त्रालय, राष्ट्रिय बाल अधिकार परिषद् के सहजोग तथा संरक्षण नेपाल, बारा के सहकार्य मे संचालित बाल हेल्पलाइन नं. १०९८ नेपाल, बारा कोभिड पोजेटिभ भईल गरिब परिवार के लईकालइकीसब के राहत सहजोग प्रदान कईल संरक्षण नेपाल के अध्यक्ष बृजमोहन कुशवाहा बतवनी ।
लईकालइकीसब के हकहित संरक्षण आ प्रवद्र्घन के खातिर बाल हेल्पलाइन नं. १०९८ बारा पर्सा, बारा, रौतहट आ सर्लाही जिल्ला मे काम करत आ रहल संस्था के कार्जक्रम संयोजक मुकेश कुमार कुशवाहा जानकारी करवले बानी ।





