निषेधाज्ञा मे सत्तारुढ दल के नेता सुरु कईलें चुनावी कार्जक्रम, पुलीस लाचार

वीरगंज १९ जेठ
कोरोना संक्रमण नियन्त्रण के खातिर पर्सा जिल्ला मे स्थानीय प्रशासन वैशाख १६ गते से जिल्लाभर निषेधज्ञा लगवले बा । निषेधाज्ञा समय मे औषधि उपचार आ बहुते जरुरी काम बाहेक घर से बाहर निकलेमे भी स्थानीय प्रशासन प्रतिबन्ध लगवले बा ।
निषेधाज्ञा के समय मे सत्तारुढ दल नेकपा एमाले के नेता, जिल्ला के ग्रामीण भेग मे चुनाव के तईयारी कहत कार्यकर्ता भेला आ पार्टी प्रवेश कार्जक्रम करे लागल बाडन । निषेधाज्ञा के समय मे सत्तारुढ दल के नेता कार्जक्रम कईला पर प्रशासन मुकदर्शक बनल बा ।
एमाले के नेता एवम् पूर्वसांसद राजकुमार गुप्ता निषेधाज्ञा के उल्लंघन कईल वितल ३ दिन एने आपन निर्वाचन क्षेत्र मे चुनाव के तईयारी कहत कार्यकर्ता भेला आ पार्टी प्रवेश कार्जक्रम करत आईल बाडन । एमाले नेता गुप्ता जेठ १७ गते पोखरीया, औरही, सन्ठी, बहुअर्वा मे कार्यकर्ता भेला कईले रहलन ।
जेठ १८ गते भी नेता गुप्ता पोखरीया नगरपालिका ९ शीवबर्वा मे कार्यकर्ता भेला के साथे पार्टी प्रवेश कार्जक्रम कईले रहलन ।
नेता गुप्ता निषेधाज्ञा मे भीडभाड करके चुनाव के प्रचार करत राजनीतिक कार्जक्रम कईल तस्बिर आ समाचार अनेकन अनलाइन मिडिया आ सामाजिक संजाल मे भाइरल भईल बाडन । भीडभाड करके चुनावी कार्जक्रम कईल तस्बिर आ समाचार भाइरल भईला के बाद ओकर आलोचना हो रहल बा ।
नेविसंघ पर्सा के नेता विकास तिवारी निषेधाज्ञा मे दवाई किने आवेवाला आदमी के भी रोक के पिटपाट आ दुर्वव्यहार करेवाला पुलीस चुनावी कार्जक्रम करत आईल सत्तारुढ दल के नेता के कुछो ना कहला से आश्चर्य लागल बतवले बाडन ।
एमाले नेता गुप्ता निषेधाज्ञा उल्लघंन करके गाँव मे भीडभाड करके आयोजना कईल कार्जक्रम के तस्बिर सामाजिक संजाल फेसबुक मे पोष्ट करत तिवारी लिखले बाडन, “निषेधाज्ञा मे नेता के चुनावी कार्जक्रम करे खातिर सरकार का छुट देहले बा ? का नियम कानुन सर्वसाधरण जनता के मात्र लागी ?”
एमाले नेता एंव पूर्वसांसद गुप्ता खुद चुनावी कार्जक्रम ना कईल प्रतिक्रिया देहनी । उ कहनी, “पोखरिया के सिवर्बा के मनोज कुर्मी के स्वास्थ्य अवस्था बुझे खातिर गईल रहनी, उहे जगहा मे एक जने आके टीका लगावल कहला के बाद हम टीका मात्र लगवले रहनी ।”
जबकी सामाजिक संजाल फेसबुक मे भाइरल भईल तस्बिर नेता गुप्ता, एमाले के दोसर नेता प्रधुम्न चौहान कार्यकर्ता माझ सम्बोधन कईल प्रस्ट देखल गईल बा । पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे निषेधाज्ञा समय मे कउनो भी भेला, सम्मेलन आ कार्जक्रम करे ना मिलेके बतवनी । “एमाले नेता गुप्ता गाँव मे कईल कार्जक्रम के बारे मे हमरा जानकारी नईखे”, कहत उ, “ई बारे मे नेता गुप्ता से हम बुझेम ।” उल्था अन्नपूर्ण






