वीरगंज महानगरपालिका के सभी वार्ड मे बालपोषण कार्जक्रम सुरु

वीरगंज २० जेठ
वीरगंज महानगरपालिका नगर भितर के ३२ गो वार्डसब मे लईकालइकीसब के शारिरिक आ मानसिक विकास के खातिर वालपोषण कार्जक्रम संचालन कईले बा ।
महानगर के ६ महिना से लेके २३ महिना तक के ८ हजार २ सय ३० लईकालइकीसब के शारीरिक आ मानसिक विकास बढावेवाला बालपोषण कार्जक्रम संचालन कईले बा । ई कार्जक्रम अन्तर्गत पहिलका चरण मे बियफे से सभी वार्डसब मे पौष्टिक आहार वितरण कईल बा ।
महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी लईकालइकी मे बियफे के दिने पौष्टिक आहार वितरण करके कार्जक्रम के उदघाटन कइनी ।
बियफे से सुरु भईल कार्जक्रम मे करिब २४ हजार ६ सय ९० किलो पौष्टिक आहार बच्चासब के खातिर वितरण करेके महानगरपालिका जनवले बा ।
एहितरे दुसरका चरण मे २७ हजार ६ सय ९० किलो पौष्टिक आहार वितरण करेके महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी बतवनी । महानगरपालिका पूर्ण खोप घोषणा होखे के लगे पुगल जानकारी देत वीरगंज के सभी लईकालइकीसब मे खोप के पहुँच पुगाके पूर्ण खोप घोषणा करेके तइयारी भी रहल उ बतवनी ।
पौष्टिक आहार वितरण कार्जक्रम मे महानगर प्रमुख सरावगी सहित महानगर के स्वास्थ्य तथा सामाजिक विकास महाशाखा प्रमुख अरुण कुमार महतो लगायत के सहभागीता रहल रहे ।




