प्रेमपत्र पठावल कहत युवक उपर पिटपाट

काठमाण्डु २१ जेठ
शुक के दिने सामाजिक संजाल मे भाइरल एगो भिडियो मे एक युवक के डोरी से बान्हके पिटपाट कर रहल बाडन । एक पुरुष उनका के लाठ्ठी से गोडमे आ देह मे पिट रहल आउर बहुते आदमी देख रहल बाडन ।
पिटाएवाला युवक रौतहट के दुर्गा भगवती गाँवपालिका–५ के विकास पासवान हउवन् । किलास ११ मे पढेवाला उनका के बान्हके पिटपाट करेवाला वार्ड नम्बर ४ रहेवाला किन्सीदेव गिरी हउवन् । किन्सीदेव सँगे उनकर बेटालोग सन्तोष गिरी, छोटु गिरी लगायत के समूह बान्हके पिटल प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन ।
प्रेमपत्र पठावल आरोप
घटना बियफे के दिने भईला पर भी पुलीस अभी घटना बाहर लियवले नईखे । दुर्गाभगवती–५ के वार्ड अध्यक्ष धर्मनाथ चौधरी उ युवक स्थानीय युवती के प्रेमपत्र लिखला के बाद घटना भईल खुद सुनल बतवनी ।
‘लईकी के चिठी पठावल कहके बात सुनेमे आईल बा, खास बात का ह हमरा भी जानकारी नईखे’ कहत उ, ‘ब्यस्त भईला से बढिया से बुझे ना सकल बतवनी ।’
पिटपाट के भिडियो सामाजिक संजाल मे भाइरल भईला के बाद पुलीस भी घटना के बारे मे जानकारी लेहले बा । वार्ड अध्यक्ष चौधरी घटना मे संलग्न दुनु पक्ष के पुलीस बोलवले बा । ‘हमरा भी जाएके रहे, वार्ड के आपन काम बहुते भईला से उहाँ जाए ना सकनी’ कहनी ।
घटना मे संलग्न ३ जने पकडईलें
जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक (एसपी) शिद्धिविक्रम शाह पीडित युवक के स्वास्थ्य जाँच कईल आ घटना मे संलग्न के आरोप मे ५० बरीस के राजदेव गिरी आ आउर २ जने पकडाईल बतवनी । ‘घटना के बारे मे पीडित अभी तक उजुरी देहले नईखन । हमनी ३ जने के नियन्त्रण मे लेके जरुरी अनुसन्धान करत बानी’ उ कहनी ।
युवक दलित समुदाय के भइला से गाँव के गैरदलितलोग पिटपाट कईल स्थानीय के दावी बा ।






