वातावरण दिवस के दिन वीरगंज मे गाछि बँचावेके अभियान

वीरगंज २२ जेठ
वीरगंज के घण्टाघर किनार के डिभाइडर मे कुछ आदमीसब गाछि के पाँजामे पकडले रहलन । कुछ लोग कपडा के व्यानर लेहले रहलन । व्यानर मे ‘हरिहर, सफा आ स्वास्थ वीरगंज, प्लाष्टिक झोरा प्रदुषणमुक्त वीरगंज, धर्ती के बँचाई, वातावरण जोगाईं,’ कहके लिखल रहे ।
गाछि के पाँजा मे पकडल दृश्य देखेवालालोग चकित भईल स्वभाविक ह । वातावरण दिवस के अवसर मे प्रकृति सेवा प्रतिष्ठान नेपाल ‘अक्सिजन देवेवाला गाछि के माया कईल जाँव’ कहके सन्देश देवे खातिर अईसन कईल बा । कोरोना संक्रमण के चलते बहुते के सहभागिता ना रहे माकिर सन्देश बडका रहे ।
अक्सिजन देवेवाला गाछि के मानव से माया करेके पडि कहके सन्देश देवे खातिर गाछि के पाँजा मे पकडल प्रतिष्ठान के संस्थापक सरदार जसपाल सिंह बतवनी । ‘गाछि पौधा बहुते प्रिय बा, ई बिना हमनी बाँचे ना सकेम, एकर रक्षा, सुरक्षा कईल जाँव, जगेर्ना कईल जाँव, माया कईल जाँव कहके सन्देश देवे खातिर पाँजा मे पकडल बा,’ कहत उ, ‘गाछि पौधा रोपल जाँव, एकरा के ना काटल जाँव । सभी से हमर निहोरा बा ।’
प्रकृति के विनाश के चलते कोरोना भाइरस के संक्रमण जईसन महामारी भोगेके पडल उनकर कहनाम बा । प्रतिष्ठान से वीरगंज महानगरपालिका परिसर आ मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा मे आँम, अमला लगायत अनेकन फलफूल के पौधा रोपले बा ।
ग्रिन सिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र आदर्शनगर भी वातावरण दिवस के अवसर मे वृक्षारोपण कईले. बा । निम, आम, अशोक, जामुन लगायत के ८० गो पौधा रोपल सामुदायिक केन्द्र जनवले बा ।
२० पाँ चरण मे ऋद्धिसिद्धि के गल्ली से ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस चोक तक वृक्षारोपण कईल केन्द्र के अध्यक्ष जयप्रकाश खेतान जानकारी देहनी ।
एहितरे सशस्त्र पुलीस भी वातावरण दिवस के अवसर मे वीरगंज के अनेकन जगहा मे वृक्षारोपण कईले बा । दिवस के अवसर मे नारायणी अस्पताल मे फलफूल वितरण कईला के साथे मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा मे एक छाक खाना खियावल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का जानकारी देहनी ।
व्यक्तिगत रुप मे भी उ महिना मे दु बेर मानव सेवा आश्रम मे भोजन सेवा देत आईल आश्रम के सानु गुरुङ जानकारी देहनी ।






