पर्सा के जानकीटोला नाका से सशस्त्र आ नेपाल पुलीस के मिलीभगत मे खुल्याम तस्करी, फोटो खिंचेवाला पत्रकार उपर अभद्र व्यवहार

वीरगंज २२ जेठ,
पर्सा के ग्रामिण भेग के जानकी टोला नाका से सशस्त्र पुलीस आ नेपाल पुलीस के मिलीभगत मे खुल्याम तस्करी हो रहल बा ।
सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प भिखमपुर आ प्रहरी चौकी जानकी टोला के मिलीभगत मे खुल्याम तस्करी हो रहल प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन । निषेधाज्ञा के साथ साथे सिमानाका बन्द रहला पर भी सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प भिखमपुरके प्रहरी निरिक्षक किस्मान तामाङ आ प्रहरी चौकी जानकी टोला के प्रहरी नायब निरिक्षक (सई) बसन्त थापा के मिलीभगत मे खुल्याम तस्करी हो रहल स्थानियवासीलोग जनवले बाडन ।
तस्करी करईला मे सशस्त्र पुलीस एक जने तस्कर से महिना के ७० हजार से एक लाख तक आ नेपाल पुलीस ५० हजार से ७० हजार रोपेया तक नजराना बुझ रहल एक जने तस्कर नाम ना छापेके शर्त मे बतवले बाडन ।
निषेधाज्ञा मे भी उ नारा से खुल्याम तस्करी हो रहल समाचार प्रकाशन मे अईला के बाद स्थलगत रिपोर्टिङ के खातिर पुगल पत्रकार श्याम पासवान उपर प्रहरीद्वारा अभद्र ब्यवहार भईल बा ।
जानकी टोला के दसौतास्थित डियुटी मे खटल सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प भिखपुर के प्रहरी हवलदार पत्रकार पासवान संगे अभद्र व्यवहार कईले बाडन ।
पत्रकार पासवान उ क्षेत्र मे हो रहल तस्करी के भिडियो आ फोटो खिंचत रहलन । उहे जगहा मे डियुटी मे खटल सशस्त्र प्रहरी हवलदार सुरु मे पत्रकार पासवान से ब्लु बुक, लाइसेन्स आ आईडी कार्ड मँगले रहलन । पुलीस से माँगल सभी कागजपतर पत्रकार पासवान से देखईला के बाद उनकर मोबाईल माँग के अभ्रद व्यवहार करत उनका से लेहल फोटो आ भिडियो डिलेट कईले रहलन ।
सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प भिखमपुर के प्रहरी निरिक्षक किस्मान तामाङ के निर्देशन मे खुद उपर अभद्र व्यवहार भईल पत्रकार पासवान आरोप लगवनी ।
ओकरा बाद फेनु पत्रकार पासवान के पुलीस चौकी जानकी टोला रोकके अभद्र व्यवहार करत कुछ समय नियन्त्रण मे लेहले रहे । डियुटी मे रहल पुलीस से माँगल ब्लु बुक, लाइसेन्स आ आईडी कार्ड देखईला पर भी आधा घाँटा तक रोकले रहलन । बाद मे खुद प्रहरी नायब निरिक्षक बसन्त थापा के फुन कईला के बाद छोडल पत्रकार पासवान बतवनी । पत्रकार पासवान राष्ट्रिय दलित पत्रकार संघ पर्सा के अध्यक्ष भी हउवन ।






