अनेरास्ववियु (क्रान्तिकारी) के कार्जक्रम मे ३२ जने कईलें खुनदान

वीरगंज ३१ जेठ
अनेरास्ववियु (क्रान्तिकारी) वीरगंज महानगर समिति के आयोजना मे आजु वीरगंज मे खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
विश्व रक्तदाता दिवस के अवसर मे भईल कार्जक्रम मे एक जनानी सहित ३२ जने खुनदान कईले बाडन । वीरगंज घण्टाघर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे जुबेर आलम, विवेक साह, एहसान अंसारी, सगिर अंसारी, नेहा मण्डल, ईब्राहम मंसुरी, रामबाबु मण्डल, रबिन्द्र गुप्ता, साविर हुसेन, अजय श्रेष्ठ लगायत के लोग खुनदान कईले रहलन ।
अनेरास्ववियु (क्रान्तिकारी) वीरगंज महानगर समिति के अध्यक्ष विवेक साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेकपा माओवादी केन्द्र पर्सा के अध्यक्ष बिजय महतो, एहितरे माओवादी केन्द्र के प्रदेश सदस्य छोटेलाल यादव, रामदरश कुशवाहा, अनेरास्ववियु (क्रान्तिकारी) प्रदेश २ के सह–संयोजक प्रभाकर गुप्ता, केन्द्रिय सदस्य एवम् पर्सा जिल्ला इन्चार्ज जुवेर आलम, जिल्ला अध्यक्ष कबिराज पटेल, उपाध्यक्ष संदिप विक्रम साह लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम मे रक्त सञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्राविधिकलोग प्राविधिक सहजोग कईले रहनी ।






