पर्सा मे लक्ष्य के ३७ प्रतिशत ज्येष्ठ नागरिक लगवलें कोरोना भाइरसविरुद्ध के खोप

वीरगंज ३१ जेठ

पर्सा मे लक्ष्य के ३७ प्रतिशत ज्येष्ठ नागरिक मात्र कोरोना भाइरस विरुद्ध के भेरोसिल खोप लगवले बाडन ।

सरकार ६० से ६४ बरीस उमिर समूह के नागरिक के कोरोना भाइरस विरुद्ध के भेरोसिल खोप लगावल गईल निर्देशनानुसार पर्सा मे बितल शुक के दिने आ शनिचर के दिने सञ्चालन कईल खोप केन्द्र से लक्ष्य के ३७ प्रतिशत ज्येष्ठ नागरिक मात्र खोप लगवले बाडन ।

पर्सा मे १२ हजार ३ सय नागरिक के कोरोना विरुद्ध के खोप लगावे के लक्ष्य लेहले रहे । एकरा खातिर वीरगंज महानगरपालिका लगायत १४ गो स्थानीय तह के वार्ड स्तर मे १०२ खोप केन्द्र सञ्चालन कईल रहे । उ केन्द्र से चार हजार ५५४ ज्येष्ठ नागरिक मात्र कोरोना भाइरस विरुद्ध के भेरोसिल खोप लगावल जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

भेरोसिल खोप से देह मे नाकारात्मक प्रभाव परे सकेके गलत हल्ला फईलला के बाद जिल्ला मे ६३ प्रतिशत लक्षित वर्ग से उ खोप लेवे ना मानल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के खोप अधिकृत अनिल सिंह बतवनी । लक्षित वर्ग के खातिर सङ्घीय सरकार से १० हजार ८३० डोज भेरोसिल खोप प्राप्त भईल उ कार्यालय जनवले बा । आजु फेनु खोप कार्जक्रम सञ्चालन करेके उ कार्यालय जनवले बा ।

कार्यालय के मुताविक जिराभवानी गाँवपालिका मे १५४, जगरनाथपुर गाँवपालिका मे १६४, छिपहरमाई गाँवपालिका मे ६१, धोबिनी गाँवपालिका मे ४८, पकहामैनपुर गाँवपालिका मे ५७, बिन्दबासिनी गाँवपालिका मे १९८, बहुदरमाई गाँवपालिका मे ३३० आ ठोरी गाँवपालिका मे २०० ज्येष्ठ नागरिक उ खोप लेहले बाडन । गलत हल्ला के पछाडि ना लागके लक्षित वर्ग सभी के खोप लेवे खातिर जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय सभी मे निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।