निर्वाचन क्षेत्र मे बजेट बढावे के माग करत प्रदेश–२ के प्रदेशसभा अवरुद्ध

जनकपुरधाम १ असाढ
निर्वाचन क्षेत्र मे विकास के खातिर सांसद के देत आईल बजेट बढावे के माग करत प्रदेश २ के विपक्षी दल के सांसदलोग प्रदेश सभा बईठक अवरुद्ध कईले रहलन ।
मंगर के दिने बजेट प्रस्तुति के बाद आधा घण्टा के खातिर स्थगित कईल बईठक शुरु भईला पर विपक्षी नेकपा एमाले आ नेकपा माओवादी केन्द्र के सांसद अवरुद्ध कईले रहलन ।
मंगर के दुसरका बईठक शुरु भईला के बाद नेकपा एमाले के सांसद सुन्दर बहादुर विक सरकारी बजेट फ्रिज हो रहल आ सांसद के निर्वाचन क्षेत्र विकास के खातिर देहल गईल बजेट से पूरा काम हो रहल बतवनी ।
उ ई बारेमे एकरा से पहिले हि सरकार से निहोरा करत ध्यानाकर्षण करईला पर भी निर्वाचन क्षेत्र विकास के खातिर बजेट ना बढावल गईल बतवनी ।
सांसद विक प्रत्यक्ष निर्वाचित सांसद के ५ करोड आ समानुपातिक सांसद के २ करोड ५० लाख उपलब्ध करावे के माग कईले रहलन ।
विक से राखल प्रस्ताव मे माओवादी केन्द्र के प्रमुख सचेतक दिलिप साह भी समर्थन जनवले रहलन ।
विपक्षी दल के सांसदलोग ई माग राखत खडा भईला के बाद सभामुख सरोज कुमार यादव कुछ देर के खातिर प्रदेश सभा के बईठक स्थगित कईले बाडन ।





