स्वास्थ्य सामान खरिद करे खातिर ७ पालिका के ६३ लाख आर्थिक सहजोग

वीरगंज ०४ असाढ

प्रदेश–२ के तीन जिल्ला के ७ गो पालिका के ६३ लाख रोपेया आर्थिक सहजोग उपलब्ध करावल गईल बा । हेफर इन्टरनेशन नेपाल बारा, महोत्तरी आ सर्लाही के ७ गो पालिका के आपत्कालीन आर्थिक सहायता वितरण कईले बा ।

कोभिड–१९ महामारी रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर जरुरी स्वास्थ्य सामान खरिद करे खातिर रकम प्रदान कईल हेफर इन्टरनेशनल नेपाल के डाक्टर तिर्थराज रेग्मी जानकारी देहनी ।

संस्था से देहल रकम पालिकासब से अक्सिजन सिलिण्डर, लिक्विड अक्सिजन, अक्सिजन कन्सन्ट्रेटर, भेन्टिलेटर, आई.सी.यू., एक्सरे मेशिन लगायत के स्वास्थ्य सामानसब खरिद करेके, आइसोलेशन तथा कोभिड अस्पताल बनावेके, इन्फ्रारेड थर्मोमिटर, पल्स अक्सिमिटर, व्यक्तिगत सुरक्षा सामान पीपीई लगायत के सुरक्षा सामानसब के व्यवस्थापन करे खातिर प्रयोग करे सकेके उनकर कहनाम बा ।

जन जागरण युवा क्लब (जेजेवाईसी) बारा सँगे के सहकार्य मे रकम पालिकासब मे हस्तान्तरण कईल रहे । सम्बन्धित जिल्ला के सहकारी आ जेजेवाईसी के प्रतिनीधि मार्फत असाढ १ गते से ४ गते तक मे पालिकासब के आर्थिक सहजोग रकम हस्तान्तरण कईल जेजेवाईसी बारा के अध्यक्ष भैयाराम यादव बतवनी ।

सृजनशिल सामाजिक उद्यमी महिला कृषि सहकारी संस्था लिमिटेड बारा मार्फत महागढीमाई नगरपालिका के ८ लाख, पशुपतीनगर सामाजिक उद्यमी महिला कृषि सहकारी संस्था लिमिटेड मार्फत महोत्तरी के बर्दिबास नगरपालिका मे १० लाख, जेजेवाईसी मार्फत महोत्तरी के महोत्तरी गाँवपालिका मे, सर्लाही के विष्णु गाँवपालिका मे १५–१५ लाख, सर्लाही के ढुङग्रेखोला सामाजिक उद्यमी महिला कृषि सहकारी संस्था मार्फत बागमती नगरपालिका मे, हरिपुर सामाजिक उद्यमी महिला कृषि सहकारी संस्था मार्फत सर्लाही के हरिपुर्वा गाँवपालिका आ न्यू उदय सामाजिक उद्यमी महिला सहकारी संस्था मार्फत लालबन्दी नगरपालिका मे ५÷५ लाख रोपेया हस्तान्तरण कईल रहे ।

आर्थिक सहायता बुझत पालिका के प्रमुखलोग सहजोग रकम के कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण मे हि खर्च करेके प्रतिबद्धता जनवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।