३२ करोड के बजेट सहित सिम्रौनगढ नगरपालिका के पाँच वाँ नगरसभा पुरा

प्रभु यादव

बारा ०७ असाढ

सिम्रौनगढ नगरपालिका के पाँच वाँ नगरसभा एक कार्जक्रम के बिच नगरप्रमुख बिजयशंकर यादव पानस मे बती जला के उदघाटन कईले रहनी ।

उदघाटन करत मेयर यादव नगर के बिकास के खातिर आपने हरेक समय प्रतिवद्ध रहल जनकारी करावले रहनी । सिम्रौनगढ नगरपालिका के देश के नमुना नगरपालिका के रुप मे बिकास करे खातिर आपने रातदिन छलफल करत रहल बानी मेयर यादव एतिहासिक, पुरातात्वीक, एवम धार्मिक महत्व रहल नगर के अधिक से अधिक बिकास के खातिर नगर के वेहतर बिकास के योजना लेयावल गईल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।

नगर के नागरिक लोग के हरेक प्रकार के सुबिधा उपलब्ध करावे के खातिर आपन पहल रहल मेयर यादव जनकारी करावले बानी । सिमैनगढ नगरपालिका मे शिक्षा, स्वास्थ्य, खानेपानी, सिचाई, बिधुत, पुल पुलेसा, कलर्भट, रास्ता पेडा बनावे के ढलान, गाछ रोपेके लगायत के प्ररिवतण रुप मे काम अगाडी बढावे के मेयर यादव बतावले रहनी ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका के हराभरा बना के एतिहासिक संरचना सब के सजा के बाहर आ नेपाल के पर्यटक सब के लियावे के काम अगाडी बढावे के मेयर यादव जनकारी करावले रहनी । पाच वां नगरसभा मे आर्थिक बर्ष २०७८÷७९ के अनुमान कईल ३२ करोड ३ लाख ५८ हजार के बजेट मेयर यादव प्रस्तुत कईले रहनी । बितिय समानिकरण अनुदान १४ करोड ७३ लाख, राजस्व बाडफाड ८ करोड ९४ लाख , ५८ हजार, आन्तरिक स्रोत २ करोड ६१ लख, प्रदेश तर्फ से ७५ लाख, अन्य प्रस्ताविक आय ५ करोड कर के ३२ करोड ३ लाख ५८ हजार बजेट बिनियोजन कईल गईल ।

कार्यक्रम मे नगरपालिकाका उपमेयर रिमादेवी कुसवाहा, निमित कार्यकारी अधिकृत बिरेन्द्र प्रसाद साह, योजना अधिकृत जितेन्द्र यादव, लेखाअधिकृत सर्मेन्द्र कुमार चौधरी, कार्यपालिका सदस्य, कर्मचारी, पत्रकार लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।