कोईला आ क्लीन्कर अव्यवस्थित ढुवानी के चलते वीरगंज बाईपास के जनता समस्या मे

वीरगंज १० असाढ
पर्सा पुलीस कोईला आ क्लीन्कर अव्यस्थित तथा क्षमता से बेसी लोड (ओभरलोड) करके वीरगंज लियावे के टिपर आ ट्रक के धमाधम नियन्त्रण मे लेके कारवाही सुरु कईले बा ।
अव्यवस्थित तथा ओभरलोड के चलते रास्ताभर कोईला आ क्लीन्कर छिटात गईला पर सडक मे चलेवाला आउर यात्रुलोग के समस्या होखे लागला के बाद वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता कारवाही के प्रकृया अगाडी बढवले बा ।
पुलीस वीरगंज के बाईपास रोड स्थित रजतजयन्ती चोक मे चेकजाँच करेके समय मे बियफे के दिने क्षमता से बेसी लोड तथा सुरक्षा ना अपनावल तीन दर्जन से बेसी कोईला तथा क्लीन्कर लोड कईल सवारी साधन नियन्त्रण मे लेके कारवाही के प्रकृया अगाडी बढावल प्रहरी निरिक्षक राजेश पुरी बतवनी ।
मितेरीपुल लगे सिमा के दशगाजा क्षेत्र मे भण्डारण करके राखल कोईला आ क्लीन्कर ओभरलोड कईला पर भी त्रिपाल से व्यवस्थित रुप मे ना तोपला के चलते रास्ताभर गिरावत गईला पर सडक मे चलेवाला आउर यात्रुलोग के दुर्घटना होखेके जोखिम बढे लागला के बाद पुलीस कारवाही के प्रकृया अगाडी बढावल उ बतवनी ।
टिपर आ ट्रक चालकलोग ओभरलोड बापत बेसी भाडा असुलेवाला भईला से आपन मुनाफा के खातिर आउर के ज्यान जोखिम मे राखल कहत स्थानिय निरन्तर रुप मे एकर विरोध करत आईल बाडन ।
एक त ओभर लोड करेवाला ओमे भी खराब त्रिपाल से ना तोपला के बाद बाईपास के एकओरी के रास्ता हि बिगडेके आ फुहर होखेवाला अवस्था मे भी पुगल स्थानिय बतवले बाडन । सवारीधनी के बारम्बार चेतावनी देत आईल बा, ईनर्वा के लालदेव यादव, स्थानिय प्रशासन से ईलोग के नियन्त्रण लेवे खातिर कडा रुप मे प्रस्तुत ना भईला पर हमनी बाध्य होके सडक मे उतरल जाई ।
पकडल गईल टिपर आ ट्रक चालक के कानुन बमोजिम कारवाही करेके पुलीस निरिक्षक पुरी बतवनी । पहिले गाडी के कागजपत्र दुरुस्त ना रहल देखेके, ओभर लोड कईल समान गिरावेके, ओकरा बाद कानुन बमोजिम जरिवाना सहित कारवाही करेके प्रहरी निरिक्षक पुरी बतवनी ।





