माओवादी से कारबाही कईल मेयर के काम करे देवे खातिर सर्वोच्च के अन्तरिम आदेश

रौतहट १५ असाढ

दल त्याग कईल कहत निर्वाचन आयोग से पदमुक्त कईल रौतहट के दु जने मेयर के सर्वोच्च अदालत पुर्नवाहाली कईले बा ।

रौतहट के मौलापुर नगरपालिका के मेयर रिनाकुमारी साह आ कटहरिया नगरपालिका के मेयर सियाराम कुश्वाह के पदमुक्त करेके निर्वाचन आयोग के निर्णय तत्काल कार्यन्वयन ना करे करावे खातिर आदालत अन्तरिम आदेश देहले बा ।

निर्वाचन आयोग के विपक्षी बनाके मेयर रिनाकुमारी साह आ शियाराम कुश्वाह अन्तरिम आदेश के माग करत अदालत पुगल रहलन ।

अदालत के आदेश मे उलोग राजीनामा ना देहल, दोसर दल के सदस्यता ना लेहल, दोसर दल गठन कईल अवस्था ना देखल गईल कहत काम के निरन्तरता देवेके कहले बा । निर्वाचित जनप्रनिधि के निर्वाचन आयोग, माओवादी केन्द्र के पत्रचार तथा कारवाही रिट निवेदन के अन्तिम टुगो ना लागे तक कार्यान्वयन ना करे ना करावे खातिर आदेश भईल बा ।

न्यायाधीश डा.कुमार चुडाल के एकल इजलास से मंगर के दिने मेयर साह आ कुश्वाह के रिट उपर प्रारम्भिक सुनुवाइ करत मेयर पद मे पुनर्वहाली कईले बा ।

अदालत के आदेश मे प्रत्यक्ष जननिर्वाचित स्थानीय कार्यपालिका के प्रमुख भईला से उलोग से सम्पादन करेवाला स्थानीय तह सम्बन्धी काम कारवाही एवम् अधिकार मे अपुरणीय क्षति पुगेवाला भईला से मुद्दा के टुंगो ना लागे तक निर्वाचन आयोग से कईल निर्णय कार्यान्वयन ना करे ना करावे खातिर भी कहल गईल बा ।

नेकपा माओवादी केन्द्र मेयर साह आ कुशवाह सहित १४ जने स्थानीय तह के जनप्रतिनिधि से दल त्याग कईल कहत पदमुक्त करे खातिर निर्वाचन आयोग के पत्राचार कईले रहे । उ पत्र के आधार मे आयोग असाढ ११ गते उलोग पदमुक्त भईल सूचना जारी कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।