पर्सा मे ३० प्रतिशत धान रोपाइँ पुरा

वीरगंज १६ असाढ

वर्षा ऋतु के आगमन संगे मनसुन के झरी मे रमावत पाँकीवाला खेत, हाथभर धान के बिया लेके एकहुल जनानी असाढे गीत गावत धान रोपेमे व्यस्त रहली ।

अकाशभर छिटपुट पानी पररहल बा । उ झरी मे जनानीलोग आपन कोकिल कण्ठ से सुरिलो गीत गावत धान रोपेमे व्यस्त देखल गईल बा । अइसन दृश्य से जे केहु के भी खुद ओरी आकर्षित कर रहल बाडन ।

मध्यतराई के अन्न के भण्डार मानेवाला पर्सा, बारा आ रौतहट लगायत जिल्ला मे ई बरीस समय मे मनसुन प्रवेश कइला के बाद किसान गण्डक नहर के पानी के भर ना पर के अकाशे पानी से समय मे बिया गिरवले बाडन ।

जगरनाथपुर के किसान हरिदेव गण्डक नहर मे समय मे पानी ना अईला पर मनसुने पानी के भर मे समय मे बिया गिरईला से ई पाली धान के उत्पादन बढिया होखेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

कुछ दिन एने मनसुन सक्रिय होके पानी पडला से समय मे धान के बिया गिरईल के बाद ई पाली मानो रोप के मुडी उव्जावेवाला किसान के सपना साकार होखेके देखल गईल बा ।

उत्पादन बढिया होखेके देखल गईला के बाद इहाँ के किसान खुशी भईल बाडन । किसान मनोज साह कहनी, “मनसुनी वर्षात के चलते ई बरीस सोचे से बेसी उत्पादन होखेवाला भईला से किसान खुशी देखल गईल बाडन ।”

पर्सा मे अभी तक ३० प्रतिशत धान रोपाइँ पुरा भईल बा । समय मे धान रोपाइँ पुरा भईला पर ई बरीस जिल्ला मे २५ प्रतिशत से उत्पादन बढेके अनुमान कईल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा के अधिकृत सुरेश प्रसाद बतवनी ।

पर्सा मे कूल ४६ हजार ६ सय हेक्टर, बारा मे ६० हजार ४३० हेक्टर तथा रौतहट मे ३८ हजार हेक्टर क्षेत्रफल मे धान खेती होत आईल बा । ई बरीस समय मे मनसुनी वर्षात भईला से तराई के जिल्लासब मे जलदी हि धान रोपाइँ ओराएके आ ईहे अवस्था रहला पर उत्पादन भी बढिया लेवे सकेके विश्वास सम्बन्धित जिल्ला के कृषि ज्ञान केन्द्र जनवले बा ।

उर्वरभूमि, पर्याप्त जनशतिm आ सिंँचाइ के बडका स्रोत भईला पर भी वितल समय के बरीससब मे पानी के कमी के चलते समय मे धान रोपाइँ होखे ना सकला पर उत्पादन मे कमी आवत रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।