अवैध घरेलु दारू आ भट्टी पुलीस नष्ट कईलख

प्रभु यादव
बारा १७ असाढ
बारा के बहुते पालिका के गाँव मे पुगके पुलिस घरईया दारू आ भट्टी नष्ट कईले बा ।
महागढीमाई नगरपालिका के गंजभवानीपुर, बारागढी गाँवपालिका के दौर्वा, बिशुनपुर्वा, आदर्श कोतवाल गाँवपालिका के बतरा, टेढाकट्टी लगायत के गाँव मे लुका छिपा के अवैध घरईया दारू बनावत आरहल जनकारी मिलला पर नष्ट कईल गईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
जिल्ला से पुलिस के टोली विहनिया के १० बजे निकलल जवन १७ गो अवैध भट्टी से कच्चा पदार्थ नव हजार लिटर, तईयारी दारू छव सय लिटर आउरी दारू बनावे मे काम लागेवाला समान सब समेत नष्ट कईल गईल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।






