लगातार के वर्षात के चलते पर्सा के दर्जनो बस्ती डुबान मे

वीरगंज १७ असाढ

मंगर के रात से लगातार पडल वर्षात के चलते पर्सा के दर्जनो बस्ती डुवान मे पडल बा ।

असाढे विकास के नाम मे निर्माण भईल गुणस्तरहीन नालासब से पानी के सहज निकास ना भईला से उ बस्तीसब डुवान मे पडल बा । वर्षात के पानी नाला से बढिया से निकास ना भईला के बाद कैयन के घर तथा दोकानसब मे भी पानी घुसल बा । प्लाष्टिकजन्य फोहोरसब सडक आ नाला मे बिगला के चलते नाला जाम हो रहल बा । लगातार के वर्षात से पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र के नदी आ खोलासब मे पानी के सतह बढ के बस्ती डुबान मे पडल बा । नदी आ खोला के बाढ से कुछ जगहा मे खेतीयोग्य जमीन भी कटान कईले बा ।

वर्षात के भेल के चलते पश्चिमी पर्सा के ठोरी गाँवपालिका के ब्रम्हानगर, नयाँवस्ती, निर्मलबस्ती, मिलन चौक, आठघरे, विजय बस्ती, शान्ति टोल, विशाल चौक, सुन्दर टोल, टयाङ्ग्रेलाइन लगायत बस्तीसब डुवान मे पडल इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी जनवले बा । एहितरे अभी निर्माण भईल हुलाकी सडक से खाल जगहा मे रहल उत्तर ओरी के अधिकांश बस्ती डुवान मे पडला पर भी कउनो मानवीय क्षति ना भईल प्रहरी निरीक्षक ब्रहमदेव साह बतवनी । उ बाढ पहिरो के जोखिम मे रहल बस्तीसब मे सुरक्षाकर्मीलोग तदारुकता के साथ खट रहला से अभी तक कउनो भी मानवीय क्षति के घटना होखे ना सकल बतवनी ।

लगातार के वर्षात के चलते ओरिया खोला मे आईल बाढ से वीरगंज ठोरी हुलाकी सडकखण्ड के गोपी बस्ती लगे सडक के नोक्सानी पुगवले बा । हुलाकी सडक जोगावे खातिर निर्माण कईल तटबन्ध बाढ से भसकईला से उ नोक्सानी भईल बा । उ खोला के बाढ से ठोरी गाँवपालिका–१ से ४ तक मे नोक्सानी पुगवले बा आ सडक सम्पर्क विच्छेद भईला के बाद स्थानीयवासी के आवतजावत मे समस्या पडल स्थानीयवासी सञ्जय कुमार के कहनाम बा । एहितरे धोबिनी गाँवपालिका के हरिहरपुर, बखरी, लङ्गडी, आसवारी, जगरनाथपुर गाँवपालिका के मधुबासा, झाखरा, मसियानी, छिपहरमाई गाँवपालिका के भिस्वा, जयमङ्गलपुर, झलमैहिया, मिर्जापुर, बघमरी, टिहुकी, बुडगाई, भुलुवाही लगायत दर्जनो गाँव डुवान मे पडल बा आ उहाँ के स्थानीयवासी के एक गाँव से दोसर गाँव तक जाएमे समस्या पडल बा ।

एहितरे बाढ के चलते पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका–१ पिपरा के दर्जनो घर डुवान मे पडल बा । अविरल वर्षात के चलते लाटेगाँडा खोला मे आईल बाढ गाँव मे घुसला पर स्थानीयवासी शङ्कर दास, किशुन महतो, जङ्गाली राय, खिचड़ी महतो, शिवशङ्कर दास लगायत १६ जने के घर डुवान मे पडल बा । पानी से स्थानीयवासी राजकुमार दास, ब्रहमदेव दास, सनोज दास आ महेन्द्र शर्मा के फुस के घर भसकल इलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा जनवले बा । बाढ से पीडित भईललोग स्थानीय सरकार तथा जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति से राहत वितरण करेके माग कईले बाडन ।

सावधानी अपनावे खातिर स्थानीय प्रशासन के निहोरा

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मंगर से लगातार वर्षात हो रहला से बाढ आवेके आ डुवान के समस्या भईल जगहा के बासिन्दा के सतर्क रहे खातिर निहोरा कईले बा । डुवान आ बाढ के जोखिम के मध्यनजर करत जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति पूर्व तईयारी मे जुटल जिल्ला प्रशासन कार्यालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।