ठोरी गा.पा.४ के स्याउलीबस्ती मे किशोरीलोग मे चकित करेवाला बेमारी, गाँव हि आतंकित बनल

मेघराज राय

जिराभवानी १८ असाढ

ठोरी गाँवपालिका के वार्ड नं. ४ निर्मलबस्ती के किशोरीलोग मे अचानक बेहोस होखेके, चिचियावेके, अचानक रोवे आ हँसेके समस्या देखल गईल बा ।

१४÷१५ बरीस के किशोरीलोग मे सुरु मे १÷२ जने मे अईसन समस्या देखल गईल आ उ समस्या देखल गईल मरेजी के देखेके भा भेट करे आईल आउर किशोरीलोग मे भी ओईसने समस्या देखाई देवे लागला के बाद गाँव हि आतंकित बनत गईल बा । अभी तक स्याउलीबस्ती के ७ जने किशोरी मे अईसन समस्या देखल गईल स्थानीय बतवले बाडन ।

समस्या देखल गईल लइकीलोग के मकवानपुर के हेटौंडा मे लेजाके झारफुक भी करावल गईल बा । ठिक भईल जईसन भी भईलन । माकिर घर मे उनकर साथीलोग भेट करे आईल मे भी ओईसने समस्या देखाई देवे लागल । गाँव मे अभी मास हिस्टोरिया के जईसन लक्षण देखल गईल मरेजी सात जने पुगल बा । स्थानीय लालबहादुर श्रेष्ठ के मुतावक ईलाज के खातिर अस्पताल लेजाएके निहोरा कईला पर भी परिवार के सदस्य मानत नईखन । ‘दु महिना पहिले एक जने किशोरी के मास हिस्टोरिया देखल गईला मे अभी सात जने मे समस्या देखल गईल बा । कउनो समय ठीक होखेलन, फेनु अचानक गिर जालन, चिचियावेलन, रोवेलन, हँसेलन,’ कहत उ, ‘ओझा मे विश्वास करके उलोग के देखा रहल बाडन । हमर आपन गाडी मे वीरगंज अस्पताल लेजाएके कहला पर मानत नईखन’ कहके बतवनी ।

मानसिक क्षेत्र के तन्तुसब मे अस्थायी रूप से विकृति उत्पन्न होके सम्वेदनात्मक क्षेत्र से प्रत्यक्ष सम्पर्क टुटेके भा उल्टा प्रभाव परके आदमी असन्तुलित होखेके भा बहुते समवेदना उत्पन होखेवाला बेमारी के मास हिस्टेरिया कहल जाला । हिस्टेरिया मनोवैज्ञानिक अवस्था ह । इन्फेक्सन मे बोखार आवेके जईसन हिष्टेरिया मनोवैज्ञानिक प्रतिरक्षा भईल चिकित्सकलोग बतावेलन ।

कउनो दुर्घटना, लइकी मे यौनशोषण, हिंसात्मक घटना देखके भागल लइकी, किशोरीलोग के गारजियन भा आउर आफन्त साथीभाइ से उचित परामर्श ना मिलला पर ई बेमारी होखेके सम्भावना बेसी होखेके उलोग के कहनाम बा ।

कुरीति, अशिक्षा, चेतना के कमी, उचित परामर्श के पहुँच जईसन बात से हिस्टेरिया के ईलाज मे देरी हो रहल मानसिक रोग विशेषज्ञ डा. भरतकुमार गोइत बतवनी । स्याउली बस्ती मे देखल गईल समस्या के लक्षण के आधार मे ‘मास हिस्टोरिया’ हि ह कहे सकेके उनकर कहनाम बा ।

उ समस्या के बारे मे ठोरी गाँवपालिका के जनस्वास्थ्य प्रमुख के सम्पर्क करेके खोजला पर मोबाइल नेटवर्क के गडबडी से सम्पर्क होखे ना सकल ।

उ समस्या के बारे मे आजु जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा मे जानकारी करावल गईल आ ठोरी गाँवपालिका से औपचारिक जानकारी सहित के सिफारिस अईला पर तुरुन्ते बिशेषज्ञ सहित डा. सहित के टोली पठावेके जनस्वास्थ्य प्रमुख बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।