गिरिजाप्रसाद कोइराला के ९८ वाँ जन्मजयन्ती मे पर्सा मे वृक्षारोपण

वीरगंज २० असाढ

पुर्व प्रधानमन्त्री एवं नेपाली कांग्रेस के पुर्वसभापति स्व. गिरिजाप्रसाद कोइराला के ९८ वाँ जन्मजयन्ती के अवसर मे गिरिजा प्रसाद कोइराला फाउण्डेशन पर्सा वृक्षारोपण कईले बा ।

फाउण्डेशन तीन दिने कार्जक्रम के आयोजना मे पहिलका दिन वीरगंज के आइसीपी आ आर्दशनगर के कबरस्थान मे साल, सिसम, बेल, सफेदा, खैर, औरा, टिक, अशोक लगायत अनेकन प्रजाति के २२५ गो गाछि के पौधा रोपल गईल बा ।

एहितरे असाढ २१ गते फाउण्डेशन के कार्यालय आदर्शनगर पानी ट्यांकी मे खुनदान कार्जक्रम के आयोजना कईले बा । असाढ २२ गते पर्सा जिल्ला के दु जने सक्रिय पत्रकार के जनही २५००० (पच्चीस हजार) सहित सम्मान करेके निर्णय कईल फाउण्डेशन पर्सा के अध्यक्ष मोहम्मद सहाबुदिन बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।