फेनु बढल पेट्रोल के दाम, खाना पकावेवाला ग्यास भी महँगा भईल

काठमाण्डु २२ असाढ

नेपाल आयल निगम इन्धन के दाम फेनु बढवले बा । दाम बढावल दु हप्ता भी ना बितते निगम मंगर के दिने फेनु इन्धन के दाम बढवले बा ।

बितल असाढ १० गते रात १२ बजे से लागू होखेवाला किसिम से निगम पेट्रोल के मूल्य प्रतिलिटर १२७ रोपेया बनवले रहे । फेनु प्रतिलिटर २ रोपेया से बढाके पेट्रोल के मूल्य १२९ रोपेया पुगवले बा । डिजेल÷मटितेल के मूल्य अब प्रतिलिटर २ रोपेया बढके ११२ रोपेया पुगल बा ।

हवाई इन्धन आन्तरिक ओरी प्रतिलिटर २ रोपेया से बढाके ८४ रोपेया, हवाई इन्धन (अन्तर्राष्ट्रिय) के प्रतिकिलोलिटर १९ अमेरिकी डलर बढाके ७४५ डलर पुगवले बा ।

खाना पकावेवाला ग्यास के दाम प्रतिसिलिण्डर २५ रोपेया के दर से वृद्धि करके १४ सय २५ रोपेया कायम कईले बा ।

बितल बरीस लकडाउन मे निगम उच्च नाफा राख के तेल बचल रहे । अन्तर्राष्ट्रिय बजार मे कच्चा तेल के घटला पर दाम ना घटावेके निगम बढला पर घाटा भईल कारण देखावत लगातार मूल्य बढा रहल बा ।

बितल जेठ २२ गते निगम पेट्रोल, डिजेल÷मटितेल तथा हवाइ इन्धन (आन्तरिक) के साबिक के बिक्री मूल्य मे प्रतिलिटर २ रोपेया से वृद्धि कईले रहे । निगम भविष्य मे अभी भी दाम बढे सकेके बतवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।