भेडाहा खोला मे २५ करोड के लागत मे स्थायी बाँध बनावल जाई

वीरगंज २१ असाढ
वीरगंज महानगरपालिका आवेवाला आर्थिक बरीस मे १५ करोड के लागत मे बाँध बनावेके जनावल गईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी भेडहा खोला से कटान करके नोक्सानी पुगावल ग्रामीण क्षेत्र के वार्डसब मे आजु स्थलगत अनुगमन निरीक्षण करके आवेवाला आर्थिक बरीस मे कटान रोके खातिर बाँध बनावेके बतवले बानी ।
महानगरपालिका के वार्ड नम्बर २७, २८, २९, ३० आ ३१ करके पाँच गो वार्ड मे भेडाहा खोला मे आईल बाढ से हरेक बरीस खेतीयोग्य जमिन कटान करत आईल बा ।
भेडाहा खोला के कटान नियन्त्रण के खातिर महानगरपालिका २५ करोड के लागत मे आवेवाला आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ मे स्थायी बाँध निर्माण शुरु करेके महानगरपालिका के प्रमुख विजय कुमार सरावगी जानकारी देहनी । बाँध निर्माण के खातिर बजेट भी विनियोजन भईल उ बतवनी । हरेक बरीस भेडाहा खोला मे आईल बाढ से सयो विगाहा खेतीयोग्य जमिन कटान कईला से स्थायी बाँध के खातिर महानगरपालिका बजेट छुट्यावल नगर प्रमुख सरावगी बतवनी ।






