वीरगंज के स्मार्ट सिटी बनावे के सपना पूरा ना भईल : महानगर प्रमुख सरावगी

वीरगंज २३ असाढ

वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजयकुमार सरावगी वीरगंज के स्मार्ट सिटी बनावेके सपना पूरा करे ना सकल बतवले बाडन । महानगर मे १६ गो वार्ड ग्रामीण क्षेत्र मे रहल आ उहाँ के विकास ना करके स्मार्ट सिटी के योजना पूरा ना होखेके उ बतवनी ।

वीरगंज–२९ बसडिल्वा मे बुध के दिने महानगरपालिका से आयोजना कईल सार्वजनिक सुनुवाई मे सरावगी कहनी, ‘चार बरीस के कार्यकाल मे ग्रामीण भेग के वार्ड मे पूर्वाधार विकास मे साधन स्रोत से भ्याए तक काम कईलन । कमजोर पूर्वाधार के स्तरोन्नति मे समय लागला से उ वार्डसब के स्मार्ट सिटी के रुप मे विकास करेके अवधारणा पूरा होखे ना सकल ।’

उ बाँकी समय मे भी ग्रामीण भेग के वार्ड मे प्राथमिकता के साथ पूर्वाधारसब बनावेके बतवनी ।

एहितरे बाढ आ डुबान से हरेक बरीस दुःख देत आईल भेडाहा खोला मे स्थायी पक्की बाँध लगावे के प्रतिबद्धता भी जनवनी । ओकरा खातिर दु–तीन दिन मे टेण्डर प्रक्रिया शुरु होखेके उनकर कहनाम बा । बाँध बनावे खातिर महानगर आर्थिक बरीस २०७८÷७९ के बजेट मे १० करोड ३८ लाख रोपेया विनियोजन कईले बा । सार्वजनिक सुनुवाई मे सहभागी स्थानीय चुनाव मे कईल वाचा पूरा करे ना सकल, वार्ड मे स्वास्थ्य आ शिक्षा के अवस्था दयनीय रहल, वार्ड मे पिंच सडक हि ना रहल सिकाईत कईले रहलन ।

२९ नम्बर वार्ड के तीन गो गाँव मे वर्षात के चलते सम्पर्क विच्छेद भईल उलोग सुनवलें । वार्ड कार्यालय से मालपोत, कर तिरेके व्यवस्था मिलावेके, सार्वजनिक शौचालय, नाला निर्माण, व्यवस्थित सरसफाइ के व्यवस्था मिलावे खातिर, नेपाल राष्ट्रिय आधारभूत विद्यालय मे शिक्षक दरबन्दी थप करे खातिर भी उलोग निहोरा कईलन । भेडाहा खोला से हरेक बरीस कटान आ डुबान के समस्या झेलत अईला से ओकर दिगो समाधान करे खातिर स्थानीय माग कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।