नेपाल मे किनल फुन के आइएमईआई दर्ता ना करावेके पडि

काठमाण्डु, २४ असाढ

नेपाल दूरसञ्चार प्राधिकरण नेपाल मे हि किनल मोबाइल फुन मे इन्टरनेशनल मोबाइल इक्विपमेन्ट आइडेन्टिफायर(आइएमईआई) नम्बर दर्ता करे ना पडेके जनवले बा ।

प्राधिकण बुध के दिने एगो सूचना जारी करत व्यावसायिक हिसाब से नियमानुसार आयात होके नेपाल मे हि किन के प्रयोग मे रहल मोबाइल सेट के फेनु आइएमईआई नम्बर दर्ता करेके ना पडि कहके जनवले बा । मोबाइल सेट के गैरकानूनी आयात, बिक्री वितरण तथा प्रयोग के निरुत्साहित करके एकरा के आउर व्यवस्थित करेके प्रयोजन के खातिर प्राधिकरण सावन १ गते से मोबाइल म्यानेजमेन्ट सिस्टम (एमडिएमएस) लागू करत बा ।

‘बहुते मोबाइल के ग्राहक के प्रयोग मे रहल आपन सेट के आइएमईआई दर्ता करेके पडि कि कहके भ्रम तथा अन्योल उत्पन्न होके प्राधिकरण मे सम्पर्क करेके क्रम बढल बा । प्राधिकरण के वेबसाइट मे उपलब्ध लिङ्क मे दर्ता करेके क्रम भी बहुते वृद्धि होके उ प्रणाली मे प्राविधिक समस्या उत्पन्न होके दर्ता प्रक्रिया मे अवरोध भईल आ सञ्चालन होखेमे कुछ समय लागी,’ जारी सूचना मे उल्लेख बा ।

नेपाल मे मोबाइल सेट किनला पर नियमानुसार आयात होके प्राधिकरण मे आइएमईआई दर्ता भईल मोबाइल सेट खरीद करे खातिर तथा अनिवार्य रूप मे भ्याट बिल लेके किन के अनावश्यक झन्झट एवं अन्योल से मुक्त होखे खातिर निहोरा कईले बा ।

विसं २०७४ वैशाख २८ गते प्राधिकरण अवैध मोबाइल रोकेके प्रणाली जडान करे खातिर परामर्शदाता छनोट के खातिर बोलपत्र आह्वान कईले रहे । प्राधिकरण से आह्वान कईल बोलपत्र मे आवेदन पडल १३ कम्पनी मेसे २०७६ साल असाढ मे छनोट भईल कम्पनी ६ महिना भितर उ सिष्टम जडान करेके रहे । जउना मे ओएसआई कन्सल्टिङ प्रालि भारत आ नमस्ते ग्लोबल कम प्रालि सिङ्गापुर के ज्वाइन्ट भेन्चर छनोट भईल रहे । सम्झौता भईल मिति से ६ महिना भितर एमडिएमएस प्रणाली जडान करके सञ्चालन मे लियावेके कहत रु ८० करोड बराबर के ठेक्का देहल गईल रहे ।

अनेकन कारण से रुकल एमडिएमएस प्रणाली सावन १ गते से जडान होत बा । विसं २०७३ वैशाख से प्राधिकरण इन्टरनेशनल मोबाइल इक्विपमेन्ट आइडेन्टिफायर (आइएमइआई) नम्बर ‘युनिक कोड’ दर्ता कईल शुरु कईले रहे । पहिलका चरण मे आइएमइआई नम्बर दर्ता आ दुसरका चरण मे मोबाइल डिभाइस म्यानेजमेन्ट सिस्टम (एमडिएमएस) जडान करेके जनवले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।