बारा मे ६२ बोरा भुजल चना पुलीस पकडलख

वीरगंज २५ असाढ,

बारा पुलीस ६२ बोरा भुजल चना बरामद कईले बा । पुलीस विश्रामपुर गाँवपालिका– ३ से ६२ बोरा भुजल चना बरामद कईले बा ।

बरामद कईल १ हजार ५ सय ५० किलो भुजल चना के बजार मुल्य १ लाख १६ हजार २ सय ५० रोपेया अनुमान कईल बा ।

बियफे के रात ११ः५० बजे जिल्ला प्रहरी कार्यालय आ प्रहरी चौकी मुसहर्वा बारा से खटल संयुक्त प्रहरी टोली गस्ती के समय मे चना बरामद कईले रहे ।

बरामद कईल भुजल चना शुक के दिने जरुरी कारबाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

‘भन्सार छली करके भुजल चना तस्करी होत बा कहके सूचना हमनी के मिलल रहे ।’ कहत उ ‘सूचना मुताविक टोली खटईला पर वेवारिसे अवस्था मे चना मिलल । लियावेवाला लोग भागल रहलन । चना बरामद करके जरुरी कारबाही के खातिर वीरगंज भन्सार पठावल गईल बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।