भुक्तानी ना मिलल कहत सिंचाइ कार्यालय मे तालाबन्दी

रौतहट २५ असाढ,

श्रम कईल भुक्तानी ना देहल कहत जलश्रोत तथा सिंचाइ डिभिजन कार्यालय रौतहट मे निर्माण व्यवसायीलोग तालाबन्दी कईले बाडन ।

कार्यालय से ठेक्का देहल योजनासब के भुक्तानी ना देहला पर निर्माण व्यवसायी समस्या मे पडल कहत निर्माण व्यवसायी संघ रौतहट शुक के दिने कार्यालय मे तालाबन्दी कईल अध्यक्ष दयाराम साह बतवनी । पुरा भईल योजनासब के भुक्तानी के खातिर कार्यालय प्रमुख वेवास्ता कईल उनकर आरोप बा ।

जिल्ला मे सिचाई योजना के काम कार्यालय के निर्देशन मुताविक हि खुदसब से कईला मे भुक्तानी के समय ई रोपेया के आउर शीर्षक मे रकमान्तर करके कार्यालय प्रमुख सुमन झा उपभोक्ता समितिसब के रोपेया बाँटल आरोप निर्माण व्यवसायीलोग के रहल बा ।

नेतालोग के आदेश मे कार्यालय प्रमुख झा कामे ना कईल उपभोक्ता समितिसब के रकम भुक्तानी देहल निर्माण व्यवसायी अरबिन्द जयसवाल बतवनी ।

उ कहनी, ‘आर्थिक बरीस के अन्तिम समय मे भी करोडो रोपेया भुक्तानी मिलेके बाँकी बा । एकरा से हमनी निर्माण व्यवसायीलोग समस्या मे पडल बानी । माकिर कार्यालय से काम कईल रोपेया देवेके कउचो रुची नईखे देखल गईल ।‘

खुदसब के रकम भुक्तानी के खातिर प्रदेश सरकार भी कउनो चासो ना देखावल उनकर आरोप बा ।

एने भुक्तानी के खातिर खुद प्रदेश सरकार के भी निहोरा कईला मे योजनासब के भुक्तानी होखे ना सकल जलश्रोत तथा सिचाई डिभिजन कार्यालय रौतहट के प्रमुख सुमन झा बतवनी ।

प्रदेश सरकार से उपभोक्ता समिति मार्फत भईल कामसब के भुक्तानी देहला के बाद निर्माण व्यवसायी से लगावल आरोप सत्य ना भईल उनकर दाबी बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।