श्रम शिक्षा सम्बन्धि प्रशिक्षण कार्जक्रम पुरा

वीरगंज २६ असाढ
श्रम शिक्षा सम्बन्धि जनचेतना अभिबृद्धि कार्जक्रम आजु वीरगंज मे पुरा भईल बा ।
श्रम तथा रोजगार कार्यालय पर्सा से आयोजना कईल कार्जक्रम मे अधिवक्ता नवल किशोर यादव, नेपाल कारखाना श्रमिक संघ के अध्यक्ष अमृत लाल जोशी, श्रम तथा रोजगार कार्यालय पर्सा के प्रमुख जितेन्द्र शर्मा प्रशिक्षण देहले रहनी ।
श्रमिक आ रोजगारदाता के ओरी से ३५ जने के सहभागीता रहल उ कार्जक्रम के सहजीकरण कार्यालय के सुब्त्रा सुन्दर श्रेष्ठ कईले रहनी । एकरा से पहिले वाल श्रम सम्बन्धि अभिमुखिकरण छिपहरमाई गाँवपालिका पर्सा तथा बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका के मुसहर्वा मे पुरा भईल बा ।
उ कार्यालयद्धारा व्यवसायजन्य स्वास्थ्य आ सुरक्षा सम्बन्धि कार्जक्रम वीरगंज मे आ श्रम अडिट कार्जक्रम सिमरा बारा आ वीरगंजज मे पुरा भईल कार्यालय प्रमुख जितेन्द्र शर्मा जानकारी देहनी ।





